अभी ३ दिन वर्षात के सम्भावना बा
काठमाण्डु २७ असाढ
जल तथा मौसम विज्ञान विभाग आवेवाला तीन दिन देशभर बदली सँगे वर्षात के सम्भावना रहल जनावल गईल बा ।
मनसुन न्यूनचापीय रेखा नेपाल के तराई भूभाग लगे रहला से सोमार तक उ प्रणाली के असर रहेके भईल बा ।
अभी देशभर सामान्य बदली होके सभी प्रदेश के कुछ जगहा मे वर्षात हो रहल बा ।
दिन के देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके सातु प्रदेश के बहुते जईइसन जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना के साथे प्रदेश नं १, २, वाग्मती आ गण्डकी प्रदेश के कुछ जगहा मे भारी वर्षात के सम्भावना भी रहल बतवनी ।
एतवार के देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके बहुते जईसन जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना रहल बतावल गईल बा ।
सोमार के देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके सभी प्रदेश मे हल्का से मध्यम वर्षात के साथे प्रदेश १, २, वाग्मती आ गण्डकी प्रदेश के एक–दु जगहा मे भारी वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।
मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम २१ दशमलव शून्य डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २७ दशमलव शून्य डिग्री सेल्सियस रहल बा ।
आजु सब से कम जुम्ला के न्यूनतम तापक्रम ९ दशमलव सात डिग्री आ सब से बेसी दिपायल के अधिकतम तापक्रम ३३ दशमलव पाँच डिग्री सेल्सियस रहल बा ।





