पत्रकार आपतकालीन राहत कोष स्थापना

काठमाण्डु ३१ असाढ,

नेपाल पत्रकार महासंघ केन्द्रीय समिति मातहत रहेवाला किसिम से पत्रकार आपतकालीन राहत कोष स्थापना करेके निर्णय कईले बा ।

केन्द्रीय समिति से ३० लाख रोपेया जम्मा करके राहत कोष सुरुवात कईल महासंघ के महासचिव रमेश विष्ट जानकारी देहनी ।

कोष मे जम्मा भईल रकम ना ओराएवाला किसिम से अक्षय कोष मे राखेके आ ओकर ब्याज से आपतकालीन समस्या से पीडित पत्रकारलोग के राहत उपलब्ध करावे के महासंघ जनवले बा ।

पत्रकार आपतकालीन राहत कोष मे नेपाल पत्रकार महासंघ के बेलायत, युरोप, जापान, युएई, कोरिया, कुवेत, भारत, कतार शाखा तथा नेपाल अमेरिका पत्रकार संघ नेजा आ नेपालिज जर्नेलिष्ट एशोसिएसन अष्टेलिया एक महिना भितर सकेभर रोपेया उपलब्ध करावे के प्रतिवद्धता जनावल महासंघ जनवले बा ।

साथे, महासंघ के प्रदेश आ जिल्ला शाखा, एसोसिएट आ प्रतिष्ठान के पहल मे भी कोष मे रकम जम्मा करेके महासचिव विष्ट जानकारी देहनी ।

इच्छुक संघ, संस्था आ आदमीसब के भी नेपाल बंगलादेश बैंक मे नेपाल पत्रकार महासंघ केन्द्रीय समिति के नाम मे रहल पत्रकार कल्याण कोष, बचत खाता नं. ००१०७००३१५ मे रोपेया जम्मा करे खातिर भी महासंघ निहोरा कईले बा ।

कोष मे रोपेया जज्मा करेवालालोग के नाम आ जम्मा भईल रोपेया के विवरण एक महिना के बाद सार्वजनिक करेके महासंघ जनवले बा ।

एहितरे श्रमजीवी पत्रकार नियमावली के व्यवस्था मुताविक सञ्चारमाध्यम विज्ञापन के १० प्रतिशत रोपेया से पत्रकार कल्याणकोष स्थापना करेके व्यवस्था भईला पर भी अभी तक कार्यान्वयन ना भईला मे महासंघ आपत्ति जनवले बा ।

श्रमजीवी पत्रकार ऐन पूर्ण कार्यान्वयन होखेवाला मिडिया हाउससब खास करके सरकारी स्वामित्व के सभी सञ्चारमाध्यम आ समाचार समिति, निजी क्षेत्र से सञ्चालित ब्रोडसिट दैनिक, सभी टेलिभिजन च्यानल, देशव्यापी नेटवर्क सञ्चालन कईल रेडियोसब मे ई व्यवस्था तत्काल लागु करे खातिर महासंघ माग कईले बा ।

सरकार से देवेवाला विज्ञापन मे नियमानुसार कल्याणकारी कोष के खातिर जम्मा करेवाला रोपेया भी कोष मे ना राख के सीधे भुक्तानी कईला से कोष स्थापना ना भईल के हक मे एकीकृत कल्याणकारी कोष मे रोपेया जम्मा करेके व्यवस्था मिलावे खातिर भी महासंघ सरकार से निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।