जयमङ्गलापुर के जनानी उपर दुव्र्यवहार करेवाला दु जने उपर मुद्दा दायर

वीरगंज ०२ सावन,

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. ३ छोटकी जयमङ्गलापुर मे ४८ बरीस के एकल जजनानी उमादेवी ठाकुर उपर दुव्र्यवहार करेवाला दु जने विरुद्ध पुलीस मुद्दा दायर कईले बा ।

घटना के आउर आरोपीलोग अभी फरार रहला से उलोग पकडईला के बाद आरोपीलोग के नाम एकसाथ सार्वजनिक करेके पर्सा पुलीस जनवले बा ।

घटना के आरोप मे पकडाईल दु जने जनानी दोषी ना देखल गईला के बाद आजु छोडल गईल पुलीस जनवले बा ।

असाढ ३१ गते बुध के दिने उमादेवी ठाकुर के उनकर आफन्तलोग केस काट के करिखा पोत के गाँव घुमवले रहलन ।

एकल जनजानी उपर भईल दुव्र्यवहार विरुद्ध इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया चार जने के पकडले रहे ।

घटना के आउर आरोपीलोग फरार रहल बतावल गईल बा । घटना के बाद पुलीस मे बीस जने विरुद्ध पीडित उजूरी देहले बाडि ।

पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गङ्गा पन्त बीस जने उपर के उजूरी गलत भईल बतवनी । उ घटना मे प्रत्यक्ष संलग्न दोषीलोग उपर कडा कारबाइ करेके प्रतिबद्धता जनवले बानी ।

ई विषय मे आउर अनुसन्धान करे खातिर इप्रका पोखरिया के निर्देशन देहल बतवनी ।

ई घटना के लेके अभी राजनीतीकरण शुरू भईल बा । एक पक्ष जनानी के न्याय दिलावे मे लागल बाडन आ दोसर पक्ष अभियुक्तलोग मे छोडावे मे लागल बाडन ।

ई दुनु काम मे सत्तासीन राजनीतिक दल आ विपक्षी दल के नेता कार्यकर्तालोग लागल स्थानियबासी बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।