बारा मे भारतीय के हत्या आरोपी ६ बरीस के बाद पकडईलें

बारा ०४ सावन
करिब ६ बरीस पहिले बारा मे एक भारतीय नागरिक के हत्या मे संलग्न के आरोप लागल आदमी पकडाईल बाडन । पकडाएवाला आदमी भी भारतीय नागरिक हि हउवन ।
प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम के मुताविक भारत के बेतिया पश्चिम चम्पारण घर भईल वीरगंज महानगरपालिका १९ गहबा टोल मे चोरालुका के रहत आईल धर्मेन्द्रप्रसाद कलवार के उहें पकडल गईल बा ।
कलवार २०७१ साल वैशाख ९ गते बारा के तत्कालिन विश्रामपुर गाविस ९ स्थित गहुँ खेत मे भारत के रक्सौल घर भईल वीरगंज १९ मे रहत आईल प्रमोद साह तुरहा के चोख हथियार से प्रयोग करके हत्या कईल पुलीस जनवले बा ।
घटना के बाद फरार रहल ४६ बरीस के कलबार के प्रदेश प्रहरी कार्यालय से खटल टोली विशेष सूचना के आधार मे नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के जिम्मा लगावल प्रदेश प्रहरी प्रवक्ता मकेन्द्र मिश्र जानकारी देहनी ।






