ठोरी से उखाडल सीमा स्तम्भ फेनु हलावल गईल, सीता गुफा मे सर्वसाधारण के जाएमे रोक

मेघराज राय
जिराभवानी ०४ सावन
पर्सा जिल्ला के ठोरीस्थित सीता गुफा लगे नेपाल–भारत सीमा मे रहल ४३६ नम्बर के सीमा स्तम्भ पाँच घण्टा के बाद फेनु उहे जगहा मे हलावल गईल बा ।
दुनु देश के स्थानीय स्तर के सीमा सुरक्षा अधिकारी आ ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष के रोहबर मे शनिचर के रात ९ बजे पहिले के जगहा मे पिलर हलावल सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोष्ट ठोरी के प्रहरी निरीक्षक दीपक दाहाल जानकारी देहनी ।
नरकटियागंज स्थित भारतीय सीमा सुरक्षा बल एसएसबी के सेकेन्ड इन कमान्डेड अनिल सिंह नेतृत्व के टोली सीमा स्तम्भ उखाडल जगहा मे आईल रहे । उ पहिले के जगहा आ डिरेक्सन मे पिलर हला के समस्या समाधान कईल जाँव कहके प्रस्ताव रखनी,” कहत प्रहरी निरीक्षक दाहाल, “हम भी जिल्ला मे समन्वय कइनी ।
जिल्ला से स्थानीय जनप्रतिनिधि के भी राख के विवाद समाधान होखि त पहिले के जगहा मे पिलर हलावे के निर्देशन मिलल ।
उहे मुताविक शनिचर के रात ९ बजे हि फेनु उहे जगहा मे पिलर हलावे के काम भईल बा ।”
प्रहरी निरीक्षक दाहाल के मुताविक इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक अशोक साह, ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ तथा भारत के ओरी से एसएसबी के सेकेन्ड इन कमाण्डेड सिंह आ भिखना ठोरीस्थित एसएसबी के इन्सपेक्टर प्रमित जैसवाल के रोहबर मे उखाडल पिलर उहे जगहा मे हलावल गईल बा ।
गाँवपालिका के अध्यक्ष श्रेष्ठ के मुताविक दुनु देश के स्थानीयस्तर के सीमा सुरक्षा अधिकारीलोग के रोहबर मे पहिले के जगहा आ उहे दिशा मे पिलर हलावल बा ।
सीमा स्तम्भ उखाडल जानकारी भईला के बाद बहुते संख्या मे जम्मा भईल ठोरी के बासिन्दा सीमा स्तम्भ पहिले के जगहा मे हलावे खातिर दबाव देहले रहलन ।
सीता गुफा लगे रहल नेपाल–भारत सीमा मे अवस्थित सीमा स्तम्भ उखाडल बारे मे सशस्त्र पुलीस शनिचर के दिन के चार बजे जानकारी मिलल रहे ।
प्रहरी निरीक्षक दाहाल कहनी कि, “शनिचर के चार बजे ओरी सीमा स्तम्भ ना रहल जानकारी मिलल ।
सीमा स्तम्भ लगे रहल सीता गुफा मे सबेरे से पूजापाठ भईल रहे । दुपहरिया तक सीमा स्तम्भ सुरक्षित हि रहे ।
हमरा लागत बा दिन के २ से ४ बजे के बीच मे सीमा स्तम्भ उखाडल होखी ।”
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से भगवान राम के जन्मभूमि अयोध्या ठोरी मे पडेके बतईला के बाद सीता गुफा क्षेत्र एकाएक चर्चा मे आईल रहे ।
एहितरे सुरक्षा के मध्यनजर करत सर्वसाधारण के एतवार से सीता गुफा क्षेत्र मे जाएमे रोक लगावल गईल बा ।
सीता गुफा अवलोकन करे आवेवाला के बहुते भिड बढला के चलते कुछ दिन के खातिर उ क्षेत्र मे जाएमे रोक लगावल प्रहरी निरीक्षक दाहाल बतवनी ।
दाहाल कहनी कि, “सीता गुफा क्षेत्र मे कुछ दिन के खातिर सर्वसाधारण के जाएमे रोक लगावल गईल बा ।
पत्रकारलगायत उपरला तह से अवलोकन आ अध्ययन करे आवेवाला टोली के सशस्त्र के सुरक्षा घेरा मे उ जगहा मे जाएके व्यवस्था मिलावल जाई ।”
भगवान राम के जन्मभूमि अयोध्या ठोरी मे रहल प्रधानमन्त्री के अभिव्यक्ति के बाद हरेक दिन उ क्षेत्र के भ्रमण करेके आ पूजापाठ करेवाला के चहलपहल बढल समय मे सीतागुफा लगे रहल नेपाल–भारत सीमा स्तम्भ उखाड के बिगला के इहाँ के स्थानीय षडयन्त्र के रुप मे लेहले बाडन ।






