पर्सा मे ५ थुनुवा सहित ३२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ०९ सावन,
पर्सा मे ५ जने थुनुवासहित ३२ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण मे उलोग के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
संक्रमित होखेवाला मे वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के थुनुवा कक्ष मे रहल २५, २२, ३३, २२ आ ४७ बरीस के ५ जने थुनुवा भी बाडन । उलोग मेसे चार जने भारतीय नागरिक हउवन ।
आउर संक्रमित मेसे कुछ कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल हउवन आ कुछ खुदे शंका लागला पर जाँच करावल आ कुछ पेड पीसीआर करावेवाला लोग बाडन ।
उलोग सभी के अस्पताल मे लियावे के तइयारी भईल गण्डक कोभिड अस्पताल के कोअर्डिनेटर डाक्टर उदय नारायण सिंह बतवनी ।
सावन ६ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के स्वीपर के २३ बरीस के बेटा मे कोरोना देखल गईल बा ।
एकरा से पहिले उनकर दु जने बेटी मे भी कोरोना देखल गईल रहे ।
उनकर कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल नारायणी अस्पताल के क्वाटर मे रहत आईल ३५ बरीस के दोसर पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
सावन १ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल वीरगंज–१४ श्रीपुर के १८ बरीस के किशोरी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल वीरगंज–२९ के २५ बरीस के किशोरी, वीरगंज–१३ के ४८ बरीस के जनानी आ ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सावन १ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल २२ बरीस के जनानी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल छिपहरमाई गाँवपालिका– ३ रहेवाला २३ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे आउर संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल २२ बरीस के पुरुष, वीरगंज– १० रहेवाला ६०, ३५, २९ बरीस के जनानी, १४ बरीस के किशोर, घण्टाघर के २५ बरीस के पुरुष, आ वीरगंज–१३ रहेवाला ९ महिना के लईका मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
खुद के शंका लाग के पईसा तिर के पीसीआर परीक्षण करावल बहुदरामाई नगरपालिका– ५ भौराटार रहेवाला ३३ बरीस के पुरुष, पकाहामैनपुर गाँवपालिका– ३ सवैठवा के ५० आ २७ बरीस के पुरुष, वीरगंज–१० बजरंग टोल रहेवाला २९ बरीस के पुरुष, वीरगंज– १२ मुर्ली रहेवाला १६ बरीस के दु पुरुष आ ३८ बरीस के जनानी, वीरगंज–२० के ३२ बरीस के पुरुष, वीरगंज–२ छपकैया रहेवाला ३० बरीस के पुरुष के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
एहितरे वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे कार्यरत चिकित्सक आ ईलाज करा रहल मरेजी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद नेपाल चिकित्सक संघ आकस्मिक बाहेक के सभी सेवा बन्द करे खातिर आव्हान कईले बा ।
संघ के सचिव डा उदय नारायण सिंह विज्ञप्ती जारी करत सावन ९ गते से दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर आकस्मिक बाहेक के सेवा बन्द करे खातिर निहोरा कईले बाडन ।
कोरोना संक्रमित मिलला के चलते एडभान्स अस्पताल पूर्ण रुप मे बन्द भइल बा ।






