नेपाली सेना सशस्त्र पुलीस के देहलख ६ सय राइफल

काठमाण्डु १४ सावन

नेपाली सेना ६ सय गो इन्सास राइफल सशस्त्र प्रहरी बल के देहले बा ।

माओवादी सशस्त्र द्वन्द्व के समय भारत से लियावल हथियार सेना सशस्त्र पुलीस के देहले बा ।

नेपाली सेना के ओरी से युद्धकार्य महानिर्देशक उपरथी राजेन्द्र कार्की सशस्त्र प्रहरी बल के प्रहरी अतिरिक्त महानिरीक्षक (एआईजी) रामशरण पौडेल के उ हथियार हस्ताक्षरण कईले बाडन ।

क्षमता अभिवृद्धि के खातिर सहजोग स्वरुप उ हथियार देहल गईल नेपाली सेना के प्रवक्ता सन्तोष बल्लभ पौडेल बतवले बानी ।

अभी सशस्त्र प्रहरी सँगे ७.६२ एमएम के एसएलआर हथियार रहे ।

सेना सँगे भईल हथियार सशस्त्र प्रहरी के देवेके विषय मे १५ असाढ मे मन्त्रिपरिषद बईठक से निर्णय कईले रहे ।

सशस्त्र पुलीस उ राइफल सीमा मे खटल सुरक्षाकर्मी के दि ।

ओकरा से पहिले हथियार मर्मत करे बारे मे नेपाली सेना १५ दिने तालिम भी सशस्त्र पुलीस के दि । नेपाली सेना अमेरिका से १० हजार अत्याधुनिक राइफल खरिद करत बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।