वीरगंज कारागार के २१ कैदीबन्दी कोरोना ठिक होके घर गईलें

वीरगंज ०६ भादो
पर्सा कारागार कार्यालय वीरगंज मे रहल २१ जने कैदी बन्दी कोरोना संक्रमण ठिक होके घर गईल बाडन । ५ बरीस के आश्रित लईका से लेके ७५ बरीस के बुढ कैदी तक करके २१ जने ठिक होके घर गईल बाडन ।
उलोग के पिछिलका पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ देखल गईल कारागार के प्रमुख जेलर श्रवणकुमार पोखरेल जानकारी देहनी । उलोग के ईलाज कारागार के आइसोलेसन मे होत रहे ।
१८ पुरुष, ७ जनानी, १ आश्रित लईका सहित २५ जने कोरोना संक्रमित कारागार आइसोलेसन मे रहलन । ज
मेसे १५ पुरुष, ५ जनानी आ १ आश्रित लईका करके २६ जने ठिक होके कारागार कार्यालय जनवले बा ।
अब कारागार के आइसोलेसन मे २ पुरुष आ २ जने जनानी कैदी बन्दी के मात्र ईलाज हो रहल बा ।
उलोग के पिछिलका कोरोना रिपोर्ट भी पोजेटिभ हि आईल बा । कारागार मे अभी तक ३३ जने कैदीबन्दी संक्रमित भईला मे एकरा से पहिले हि ८ जने ठिक भईल बाडन ।
कार्यालय प्रमुख पोखरेल सहित ३ जने कर्मचारी आ ३ जने संक्रमित पुलीस भी ठिक भईल बाडन ।






