वीरगंज मे कोरोना से आउर तीन जने के मृत्यु
वीरगंज १३ भादो
वीरगंज मे कोरोना भाइरस संक्रमण से आउर तीन जने के मृत्यु भईल बा ।
शुक के रात दु जने आ शनिचर के सबेरे १ जने के मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
मृतक एक जनानी आ दु पुरुष करके तीन जने वीरगंज महानगरपालिका के स्थानीयवासीन्दा हउवन ।
वीरगंज महानगरपालिका–२२ मनियारी के ३७ बरीस के पुरुष के शनिचर के सबेरे ४ बजे मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के गण्डक बहुअरीस्थित वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ईलाज करा रहल उ पुरुष के स्वास्थ्य अवस्था मे सुधार ना अईला के बाद आउर ईलाज के खातिर शुक के रात १२ बजे काठमाण्डु मे रिफर कईल रहे ।
एम्बुलेन्स मे राख के काठमाण्डु लेजाए के समय मे चितवन के मुग्लिन मे पुगला पर शनिचर के सबेरे ४ बजे उनकर मृत्यु भईल डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।
निमोनिया के समस्या भईला के बाद उनका के चार दिन पहिले तराई हस्पिटल मे भर्ना कईल रहे ।
उहे दिन स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पीसीआर जाँच कईला पर उनका मे कोरोना पुष्टि भईला के बाद शुक के दिने उनका के वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल मे लेजाके भर्ना कईल रहे ।
एहितरे वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मे शुक के रात ४३ बरीस के एक संक्रमित पुरुष के भी मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–१२ घर भईल उ पुरुष के ईलाज के समय मे शुक के रात १२ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता चौरसिया जानकारी देहनी ।
हेपाटाइटिस बी आ एचआइभी एड्स संक्रमित रहल उ पुरुष के स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद तीन दिन पहिले नेशनल मेडिकल कलेज मे भर्ना कईल रहे ।
मेडिकल कलेज मे ईलाज के समय मे उनकर स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण कईला पर उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद शुक के सँझिया वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल मे रिफर कईल रहे । कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मे उनकर शुक के रात १२ बजे मृत्यु भईल डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।
मृत्यु के बाद कोरोना पुष्टि
एहितरे वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे शुक के सँझिया मृत्यु भईल वीरगंज महानगरपालिका–१२ मुर्ली के ६५ बरीस के जनानी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईला के बाद उ जनानी के स्वाब संकलन करके अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर शुक के रात उनकर पीसीआर रिपोर्ट पोजिटिभ आईल डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।
श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद उ जनानी के शुक के दुपहरिया नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईला मे ईलाज के समय मे शुक के सँझिया साढे ५ बजे उनकर मृत्यु भईल रहे ।
आउर ३ जने के मृत्यु भईला सँगे वीरगंज मे कोरोना के कारण मृत्यु होखेवाला के संख्या ४८ पुगल बा । सावन एने मत्र ४४ जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु भईल ४८ जने मेसे १ लावारिस युवक सहित पर्सा के ३६ जने, बारा के १० जने आ रौतहट के २ जने रहल बाडन ।






