कृषि ज्ञान केन्द्र के सेवा प्रभावकारी बनावे खातिर किसान महासंघ के माग

वीरगंज १६ भादो

कृषि ज्ञान केन्द्र से मिलेवाला सेवा सुविधा बढिया से ना मिलल सिकाईत अखिल नेपाल किसान महासंघ पर्सा कईले बा ।

महासंघ प्रमुख जिल्ला अधिकारी अस्मान तामाङ के ज्ञापनपत्र बुझावत कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा से मिलेवाला कृषिसम्बन्धी परामर्श तथा आउर सेवा सुविधासब भी ना मिलल सिकाईत कईले बाडन ।

बाली मे अनेकन किसिम के बेमारी देखाई देवे लागला के बाद परामर्श तथा किटनाशक दवाई के खातिर कार्यालय मे पुगला पर निराश होके फिर्ता जाएके अवस्था रहल महासंघ मे आवद्ध किसानलोग के कहनाम बा ।

ज्ञान केन्द्र पर्सा के प्रमुख डा.रामचन्द्र यादव वितल डेढ महिना से कार्यालय मे उपस्थित ना भईल आ कार्यालय मे एक मात्र विशेषज्ञ डा. यादव हि भईल उलोग ज्ञापनपत्र मे उल्लेख कईले बाडन ।

महासंघ पर्सा के अध्यक्ष शम्भु पाण्डेय के नेतृत्व मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे गईल किसान ज्ञान केन्द्र से मिलेवाला परामर्श लगायत के सेवा सहज रुप मे मिलेके व्यवस्था मिलावे खातिर प्रशासन के ध्यानाकर्षण करवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।