पर्सा आ बारा के आउर २० जने मे कोरोना पुष्टि

वीरगंज १६ भादो

वीरगंज मे कईल परीक्षण मे आउर २० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे भादो १५ गते ४ सय १० गो स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर २० जने मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा से सार्वजनिक कईल विवरण मुताविक पीसीआर पोजेटिभ १८ जने मेसे १८ जने पर्सा के आ २ जने बारा के बाडन ।
ई मेसे दु जने मे जीन एक्सपर्ट विधि से परीक्षण कईला पर पोजेटिभ देखल गईल रहे ।

जीन एक्सपर्ट मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल दुनु पुरुष बाडन । उलोग मेसे १ जने पर्सा आ एक जने बारा के रहल प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।

पिछिलका बेर १८ जने संक्रमित थपईला सँगे पर्सा जिल्ला मे कोरोना संक्रमित के संख्या २ हजार २ सय १४ पुगल बा । एकरा से पहिले पर्सा मे ४ सय ९० जने जनानी सहित २ हजार १ सय ९४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।

जउना मेसे २४ जने भारतीय नागरिक, १ सय ३५ जने स्वास्थ्यकर्मी, १ सय ८ जने सुरक्षाकर्मी, १४ जने पत्रकार, १ सय ७ जने कैदी थुनुवा, ४९ जने अस्पताल के सफाइकर्मी, गार्ड, कार्यालय सहजोगी आ ३ जने एम्बुलेन्स चालक मे कोरोना देखल गईल बा ।

सोमार के २१ जने सहित अभी तक पर्सा मे ७ सय ५ जने कोरोनामुक्त भइल बाडन । अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ३१ जने जनानी सहित १ सय ६ जने कोरोना संक्रमित के ईलाज जारी बा । जउना मेसे २७ जने आइसियू मे बाडन । २ सय २३ जने जनानी सहित १ हजार १ जने होम आइसोलेसन मे बाडन ।

२० हजार २३ जने के स्वाब संकलन कईला मे ५ सय ५० गो स्वाब नमुना परीक्षण करेके बाँकी बा । कोभिड–१९ के चलते पर्सा मे मात्र ३८ जने के मृत्यु भइल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।