वीरगंज मे पिछिलका १४ घण्टा मे ४ जने के मृत्यु

वीरगंज १६ भादो
वीरगंज मे मंगर के दिने कोरोना संक्रमण के चलते आउर १ जने के मृत्यु भईल बा । बारा के कोल्हबी के ६० बरीस के पुरुष के मंगर के दिने सबेरे मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल के आइसियु मे ७ दिन से ईलाज करा रहल उ पुरुष के सबेरे ४ बज के ५० मिनेट मे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
मधुमेह के मरेजी रहल उ पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद भादो १० गते गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल मे लिया के भर्ना कईल रहे । ईलाज के समय मे उनकर मंगर के सबेरे ४ बज के ५० मिनेट मे मृत्यु भईल डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।
वीरगंज मे कोरोना से पिछिलका १४ घण्टा मे ४ जने के मृत्यु भईल प्रवक्ता चौरसिया जानकारी देहनी । मंगर के दिने हि सबेरे वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे वीरगंज २० हरपतगंज के ५३ बरीस के संक्रमित पुरुष के मृत्यु भईल रहे ।
कोभिड अस्पताल के आइसियु मे १८ दिन से ईलाज करा रहल उ पुरुष के मंगर के सबेरे १ बजे मृत्यु भईल प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
एहितरे सोमार के रात नारायणी अस्पताल के आकस्मिक कक्ष मे ईलाज के समय मे ६० बरीस के पुरुष के भी मृत्यु भईल रहे ।
सडक मे बेमार अवस्था मे लावारिस मिलल उ पुरुष के भादो १३ गते उद्धार करके नारायणी अस्पताल के आकस्मिक ईलाज कक्ष मे भर्ना कईल रहे । मृत्यु के बाद उनकर स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण कईला पर रिपोर्ट पोजिटिभ आईल रहे ।
एहितरे सोमार के दुपहरिया साढे ३ बजे वीरगंज २४ बहुअरी गाँव के ८० बरीस के संक्रमित पुरुष के वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मृत्यु भईल रहे ।
वीरगंज मे कोरोना के चलते अभी तक मृत्यु होखेवाला के संख्या ५४ पुगल बा । सावन एने मात्र ५० जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु भईल ५४ मेसे २ बेवारिसे पुरुष सहित पर्सा के ४० जने, बारा के १० जने आ रौतहट के ४ जने रहल बाडन ।






