वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से दु जने के मृत्यु

वीरगंज २० भादो
कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर दु जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका–१० के ७७ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
नारायणी बयोधा अस्पताल से आउर ईलाज के खातिर शुक के दिने काठमाण्डु रिफर कईल समय मे रास्ता मे मध्यरात मे उनकर मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
भादो १७ गते संकलन कईल स्वाब नमुना के पीसीआर परीक्षण के समय मे भादो १८ गते रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।
एहितरे पकाहामैनपुर गाँवपालिका–२ पर्सा के ७५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक मे ईलाज के समय मे बितल रात साढे ११ बजे उनकर मृत्यु भईल गण्डक कोभिड अस्पताल के संयोजक डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।
कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनका के भादो ५ गते अस्थायी कोभिड अस्पताल गन्डक मे भर्ना कईल रहे । उनकर फोक्सो के दुनस ओरी कडा कोभिड निमोनिया देखल गईल रहे ।
स्वास्थ्य मे क्रमिक सुधार हो रहल अवस्था मे अचानक स्वास लेवेमे समस्या भईल आ ईलाज के समय मे मृत्यु भईल डाक्टर सिंह बतवनी ।
स्वास्थ्य मे बढिया सुधार होत रहे । पीसीआर परीक्षण करके घर पठावेके तइयारी होत रहे । सम्भवत आजु घर जाएके रहे,’ कहत उ, ‘माकिर अचानक श्वास प्रश्वास मे समस्या आईल, अक्सिजन लगावल गईल, देह अक्सिजन ना लेहलख, भ्याए तक दवाई बिरो कईल गईल, माकिर बँचावे ना सकनी ।’
एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ५७ पुगल बा । सावन एने मात्र ५२ जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु भईल ५७ जने मेसे पर्सा के ४१ जने, बारा के १२ जने आ रौतहट के ४ जने बाडन ।
पर्सा मे मृत्यु भईल दु जने के ठेगाना खुलल नइखे ।
नारायणी अस्पताल मे लईका के मृत्यु
वीरगंज मे दोसर एगो लईका के भी ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे पर्सा के बिरुवागुठी घर भईल १२ बरीस के लईका के मृत्यु भईल बा ।
भादो १९ गते भर्ना भईल लईका मे मस्तिस्क बोखार आ दुनु ओरी छाती मे निमोनिया देखल गईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता बरिष्ठ चर्मरोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया जानकारी देहनी ।
भादो २० गते सबेरे २ः३५ मे मृत्यु भईल लईका के स्वाब संकलन करके पीसीआर प्रयोगशाला मे पठावल गईला मे रिपोर्ट नेगेटिभ आईल प्रवक्ता डाक्टर चौरसिया बतवनी ।






