बिओपी अमरपट्टी १०० बोरा केराव सहित पिकअप भ्यान पकडलख

वीरगंज २३ भादो

सशस्त्र पुलीस बल बिओपी अमरपट्टी अबैध रुप मे भारत निकासी करे लागल बहुते परिमाण मे मटर सहित पिकअप भ्यान पकडले बा ।

बारा जिल्ला के त्रिवेणी दाल एण्ड आयल ईन्डष्ट्रिज प्रा.लि. छातापिपरा से वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १९ बर्वागोग के नाका से अबैध रुप मे भारत ओरी निकासी करे लागल एक गाडि केराव पकडले बा ।

साई वाटर लिखल बा१४च २९१६ नम्बर के पानी ढुवानी करेवाला पिकअप भ्यान मे २५ किलो के दर से १०० बोरा केराव सोमार के रात ९ः३० बजे के समय मे बरामद कईल बिओपी अमरपट्टी के सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक निरन्जन कार्की जानकारी देहनी ।

पकडल केराव विन्दवासिनी के सचिन किराना दोकान मे लेजाएके जगहा मे भारत के नाका ओरी लेजाए लागल अवस्था मे पकडके आजु वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल प्रहरी निरिक्षक कार्की बतवनी ।

पुलीस के देखते मातर पिकअप भ्यान के डाईबर गाडि छोड के भागल आ बरामद कईल केराव के दाम ५ लाख ८७ हजार ५ सय बराबर के रहल कार्की बतवनी ।

ल गाडि आ केराव छोडावे खातिर अनेकन आदमीसब दबाव देहला पर भी पुलीस निरिक्षक ना छोड के भन्सार चलान कईल समाचार स्रोत जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।