जनकपुर से कटुवा पेस्तोल सहित दु जने पकडईलें

जनकपुरधाम २५ भादो
धनुषा के जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका से बियफे के दिने कटुवा पेस्तोल सहित दु जने पकडाईल बाडन ।
उपमहानगरपालिका–७ स्थित मुसहरी टोल से कटुवा पेस्तोल आ ओमे प्रयोग होखेवाला एक राउण्ड गोलीसहित जनकपुरधाम लोहना निवासी २१ बरीस के अजयराज कायस्थ आ उहे जगहा के २४ बरीस के सुनिलकुमार मण्डल पकडाईल बाडन ।
प्रदेश २–००३०० प. ७३७७ नम्बर के मोटरसाइकल चढ के आरहल उलोग के हथियारसहित नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान सुरु कईल धनुषा के प्रहरी प्रबक्ता मकेन्द्रकुमार मिश्र बतवनी ।
मिश्र के मुताविक दुनु जने हथियार बेंचे खातिर जनकपुरधाम ओरी आवत रहलन ।






