दशहरा मे पर्सा के शक्ति पीठसब मे बलि निषेध

वीरगंज २२ कुवार

नजिकात गईल दशहरा–दिपावली लगायत चाडपर्व मे भिडभाड होखे ना देवे खातिर पर्सा के अनेकन शक्ति पीठसब मे बलि निषेध कईल बा ।

जिल्ला सुरक्षा समिति के बियफे के दिने बईठल बईठक से चाडपर्व मे कोभिड– १९ के संक्रमण के जोखिम के मध्यनजर करत अईसन निर्णय कईले बा ।

खास करके दशहरा मे पर्सा मे रहल अनेकन शक्ति पीठसब मे दर्शनाथीलोग के भिड लागेला आ वीरगंज के घण्टाघर से माईस्थान तक के मुख्य सडक मे दशहरा आ दिपावली दुनु पर्व मे मेला लागेला ।

अनेकन जगहा मे स्थानीय दुर्गा पूजा समिति पण्डाल लगाके मुर्ति स्थापना करके पूजा अर्चना आ भजन किर्तन कईला के साथे मेला भी लगावेलन ।

अईसन जगहासब मे दर्शनार्थीलोग के भिड लागेला । ओईसन चाडपर्व लक्षित अनेकन खेल प्रतियोगिता भी आयोजना होखेला ।

बईठक से धार्मिक आस्था मे आँच ना आवेवाला किसिम से शक्ति पीठसब मे नित्य पूजा अर्चना मात्र करेके, गहवामाई, विन्दबासिनी, विर्तामाई, नगवा लगायत जिल्ला के कउनो भी मन्दिर भा शक्ति पीठसब मे बलि निषेध करेके निर्णय कईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

एहितरे मन्दिर के आरीपाछि बजार लगावे के भी ना मिलेके निर्णय बईठक से कईले बा ।

एहितरे सार्वजनिक जगहा, खुला चौर, चोक रास्ता मे बनावेवाला दुर्गा झाँकी भा पण्डाल बनावे ना मिलेके निर्णय कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामाङ जानकारी देहनी ।

हरेक आदमी के आपन आपन घर, निवास मे पूजा करके सहजोग करेके कहल गईल बा,’ कहत उ, ‘सार्वजनिक जगहा आ मन्दिर मे आके भिडभाड करे ना मिली, ई पाली मेला जात्रा, महोत्सव, कन्सर्ट जईसन भिडभाड होखेवाला कार्जक्रम आ खेल प्रतियोगितालोग भी करे ना देहल जाई ।

जिल्ला सुरक्षा समिति वीरगंज बजार के मुख्य क्षेत्र मे फुलपाती के दिन से नवमी के दिन तक सवारी सञ्चालन मे जरुरत मुताविक रोक लगावे सकेके, सांकेतिक रुप मे मात्र फूलपाती लियावे के निर्णय जिल्ला सुरक्षा समिति कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।