दुर्गा पुजा समिती रानीघाट के कार्जक्रम मे ६३ जने कईलें खुनदान

वीरगंज २४ कुवार
दुर्गा पुजा के अवसर मे दुर्गा पुजा सेवा समिती रानीघाट १४ वाँ बेर खुल्ला खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।
कार्जक्रम के अध्यक्ष सतिशसिंह राजपुत के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे ३ जनानी सहित ६३ जने खुनदान कईले बाडन ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी दुर्गा पुजा सेवा समिती रानीघाट के सल्लाहकार प्रदिप प्रसाद कुशवाहा कार्जक्रम के उदघाटन कईल कार्जक्रम मे रबिता चौधरी, उमा मानन्धर, सुषमा सिंह, निरज गुप्ता, भरत कुमार शर्मा, मनिष तिवारी, मुन्ना कुमार, साजनसिंह राजपुत, रौनक सिंह, प्रमोद कुमार साह, संजय कलवार, राजकुमार चौधरी, हरेन्द्र प्रसाद चौधरी, दिपक प्रसाद कानु, अरबाज आलम, अमृत दुबेदी, नुर आलम, अलिअसगर हवारी, आकाश श्रीवास्तव लगायत के लोग खुनदान कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे समिती के सल्लाहकार गोपाल रौनियार, समिती के पूर्व अध्यक्ष रबि रौनियार, ताहिर हवारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
दिनानाथ प्रसाद रौनियार से स्वागत कईल कार्जक्रम के सहजीकरण पत्रकार प्रणय कुमार कईले रहनी ।




