सोना काण्ड मे एगो अडियो बाहर आईल, सोना हमर ह : सुशान्त सिन्हा

वीरगंज ०३ कातिक,

वीरगंज मे बितल १ गते मिलल २२.५७६ ग्राम सोना काण्ड मे नयाँ खुलाशा भईल बा । पुलीस वीरगंज महानगरपालिका–५,रेशमकोठी स्थित गणेश अपार्टमेन्ट मे छापामारी करके उ परिमाण मे सोना बरामद कईले रहे ।

पुलीस उ सोना अशोक सिन्हा के रहल बतईला पर भी सिन्हा के बेटा आजु एगो अडियो रेकर्ड करके उ सोना हमर रहल स्विकारले बाडन ।

ओमे हमर बाबु भा हमर घर परिवार के आउर कउनो भी सदस्य के संलग्नता ना रहल बतवले बाडन ।
भारत बिहार पुर्वी चम्पारण के अशोक सिन्हा के बेटा सुशान्त सिन्हा सोना आपन रहल दाबी कईले बाडन ।

ई सोना मे कउनो भी परिवारजन के संलग्नता ना रहल दाबी करत सुशान्त सिंन्हा के बाबु अशोक सिन्हा वितल दु बरीस से दिल्ली के मेदान्त मे ईलाज करा रहल उ अडियो क्लिप मे बतावल गईल बा । पुलीस से पकडल गईल सोना काठमाण्डु के सागर त्यागी से दु बरीस पहिले खरिद कईल शुसान्त सिन्हा के दावी रहल बा ।

सोना के विषय मे परिवारजन केहु के संलग्नता ना रहल तथा ई मुद्दा मे परिवारजन के नाम ना मुछे खातिर उ सञ्चार माध्यम के निहोरा कईले बाडन ।

अशोक सिन्हा १५ बरीस पहिले आपन घर परिवार से अलग होके रहत आईल बाडन । ई सोना काण्ड मे वीरगंज तथा काठमाण्डु के बडका आदमीसब के भी संलग्नता रहल उनकर दाबी रहल बा ।

उ सोना काण्ड मे पर्सा पुलीस गम्भिरतापूर्वक अनुसन्धान कर रहल आ केकर संलग्नता बा अनुसन्धान के बाद मालुम चली कहके पर्सा पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।