सर्लाही से बहुते परिमाण मे बिस्फोटक पदार्थ बरामद

मलंगवा १८ कातिक
भारत से नेपाल ओरी लुकाके लिया रहल अवस्था मे पुलीस सर्लाही के बलरा से बहुते मात्रा मे बिस्फोटक पदार्थ बरामद कईले बा ।
नेपाल—भारत सीमा लगे बलरा से ट्याक्टर मे भारत से लिया रहल बिस्फोट पदार्थ बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सर्लाही जानकारी देहले बा ।
दशहरा दिपावली आ छठ पर्व के लक्षित करके ट्याक्टर मे लुकाके लिया रहल अवस्था मे पुलीस बिस्फोटक पदार्थ बरामद कईले बा ।
ज.१ त २१७९ नम्बर ो ट्याक्टर मे लुकाके लिया रहल १० क्विन्टल ८८ किलो बिस्फोटक पदार्थ बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सर्लाही जनवले बा ।
बरामद कईल बिस्फोट पदार्थ मे अठइसा, झिरझिरे, राधाचक्र आ नागिन लगायत पटका रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सर्लाही के प्रहरी उपरीक्षक सन्तोषसिंह राठौर जानकारी देहले बानी ।
एतवार के सबेरे अन्दाजी पौने ११ बजे के समय मे बलरा नगरपालिका वार्ड नं. ८ स्थित सडक मे रोक के राखल ट्याक्टर जाँच कईला पर बिस्फोटक पदार्थ मिलल प्रहरी उपरीक्षक राठौर जानकारी देहले बाडन ।
प्लास्टिक के त्रिपाल से ट्याक्टर के टेलर तोप के राखल अवस्था मे बिस्फोटक पदार्थ बरामद कईल बा ।
२० गो कार्टुन आ ४ गो बोरा मे प्याक करके बिस्फोटक पदार्थ ट्याक्टर मे लोड कईल रहे । पुलीस के देखते मातर ट्याक्टर चालक फरार भईल पुलीस जनवले बा ।






