कटुवा पेस्तोल सहित एक जने पकडईलें

मेवालाल यादव

रौतहट ०१ पुस,

नेपाल पुलीस के गस्ती टोली रौतहट के बगही से कटुवा पेस्तोल सहित एक जने के पकडले बा ।

विषेश सुचना के आधार मे पुलीस के गस्ती टोली जिल्ला रौतहट कटहरिया नगरपालिका वार्ड नं. ७ बगही टोल स्थित सडक मे पुगला पर संकित रुप मे उत्तर मोहडा करके खडा रहल भारतीय विआर ३० डब्लु ४८७३ नम्बर के हिरो कम्पनी के स्पेलेण्डर मोटर साइकल के खानतलासी कईला पर उ मोटरसाइकल के सिट कभर भितर १२ बोर के नल कटुवा बन्दुक लुकाके राखल अवस्था मे मिलल पुलीस जनवले बा ।

पुलीस के मुताविक मोटरसाइकल चालक उहे जगहा के रहेवाला २० बरीस के राजमहम्मद आलम के पकड के सम्मानित रौतहट जिल्ला अदालत गौर से ५ दिन के म्याद थप कराके आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जानकारी देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।