चोरी के सुमो गाडी बरामद

प्रभु यादव
बारा ०२ पुस
भारत से चोरी पैठारी कर के नेपाल लियावल सफेद रंग के सुमो गाडी प्रहरी बरामद कईले बा ।
पकडाईल सुमो गाडी काल्पनिक नम्बर बा.२ च ८२७५ राख के लुका छिपा के कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड एरिया भर चलारहल विशेष सूचना के आधार मे बारा के कलैया उप–महानगरपालिका वार्ड नं.५ बरेवा मे सार्वजनिक सडक खण्ड मे चेक जाँच कईला पर मिलल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
गाडी के चेकजाँच कईलापर गाडी भित्र से द्यच् घए ण्घद्दज्ञ नं. के भारतिय गाडी के बिलबुक मिलला पर बिल बुक मे भईल इन्जिन नम्बर आ चेचिस नम्बर उल्लेखित सुमो गाडी के इन्जिन आ चेचिस नं. से मेल भईला पर गाडी चोरी के भईल कहत प्रहरी बरामद कईले बा ।
चोरी के गाडी भईल आ भारत से चोरी कर के नेपाल लेयावल गईल काल्पनिक नम्बर राख के यकिन भईला पर बरामद भईल गाडी अन्दाजी १० लाख परेवाला सुमो गाडी भन्सार ऐन अनुसार आवश्यक कारवाही के खातिर भन्सार कार्यालय बीरगंज, पर्सा मे पेठावल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






