प्रतिनिधिसभा विघटनः निर्वाचन वैशाख १७ आ २७ गते

काठमाण्डु, ५ पुस

राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी नेपाल के संविधान के धारा ७६ के उपधारा (१) आ (७) तथा धारा ८५ समेत के आधार मे विद्यमान प्रतिनिधिसभा विघटन करके ताजा जनादेश के खातिर निर्वाचन के मिति तोकले बानी ।

नेपाल सरकार (मन्त्रिपरिषद्) से निर्णय होके प्रधानमन्त्री से सिफारिस भईल मुताविक पहिलका चरण मे आवेवाला २०७८ वैशाख १७ गते आ दुसरका चरण मे वैशाख २७ गते निर्वाचन के मिति तोकल गईल बा ।

राष्ट्रपति के कार्यालय के प्रवक्ता बद्रिनाथ अधिकारी से आजु जारी कईल विज्ञप्ति मे संसदीय प्रणाली के मर्म एवं मूल्यमान्यता तथा हमनी के आपन आ संसदीय प्रणाली भईल अनेकन देश के अभ्यास मुताविक सङ्घीय संसद् के वर्तमान प्रतिनिधिसभा विघटन करके दोसर प्रतिनिधिसभा के निर्वाचन मिति तोकल जनावल गईल बा ।

मन्त्रिपरिषद् के आजु सबेरे भईल बईठक के निर्णय के आधार मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली उ सिफारिस कईले बानी । बितल २०७४ अगहन ४ गते विद्यमान प्रतिनिधिसभा के निर्वाचन भईल रहे ।

काथि बा धारा ७६ आ ८५ मे

राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी नेपाल के संविधान के दु गो धारा के प्रयोग करके प्रतिनिधिसभा के विघटन कईले बानी । उ संविधान के धारा ७६ (१), धारा ७६ (७) आ धारा ८५ प्रयोग करके ताजा जनादेश के खातिर सरकार के सिफारिस मुताविक आवेवाला वैशाख १७ आ २७ गते के मिति तोकले बानी ।

संविधान के धारा ७६ (१) मे प्रतिनिधिसभा मे बहुमत प्राप्त संसदीय दल के नेता के प्रधानमन्त्री नियुक्त करेके आ उनकर अध्यक्षता मे मन्त्रिपरिषद् के गठन होखेके व्यवस्था बा ।

एहितरे धारा ७६ (७) के उपधारा (५) बमोजिम नियुक्त प्रधानमन्त्री विश्वास के मत प्राप्त करे ना सकला मे भा प्रधानमन्त्री नियुक्त होखे ना सकला मे प्रधानमन्त्री के सिफारिस मे राष्ट्रपति प्रतिनिधिसभा विघटन करके छ महिना भितर दोसर प्रतिनिधिसभा के निर्वाचन पुरा करेवाला किसिम से निर्वाचन के मिति तोकेके व्यवस्था बा ।

एहितरे धारा ८५ (१) मे संविधानबमोजिम अगावै विघटन भईला मे बाहेक प्रतिनिधिसभा के कार्यकाल पाँच बरीस के होखेके व्यवस्था बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।