३९ गो अबैध भारतीय पाडा भईस पकडाईल

मेघराज राय

जिराभवानी १२ पुस

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राईम टोली आ बिओपी सुबर्णपुर के सशस्त्र पुललीस के सयुक्त गस्ती टोली ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ के मालीबस्ती से ३९ गो भारतीय अबैध पाडा भईस बरामद कईले बा ।

भारत से अबैध रुप मे आरहल अवस्था मे ३९ गो पाडा भईस ठोरी गाँवपालिका के ओरीया खोला के पुल से अन्दाजी ४ बजे के समय मे बरामद भईल पर्सा पुलीस जनवले बा । भारत से अबैध रुप मे आ रहल विशेष सूचना के आधार मे बरामद भईल बा ।

पाडा भईस के ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा मे राखल आ उ पाडा भईससब के बीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावे के तइयारी हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गङ्गा पन्त बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।