ठोरी घुमे आवेवाला पर्यटक के संख्या मे कमी

वीरगंज १८ पुस

अंग्रेजी नयाँ बरीस के दिन ई बरीस ठोरी घुमे आवेवाला पर्यटक के संख्या मे कमी आईल बा । नयाँ बरीस मे आन्तरिक तथा भारतीय पर्यटकलोग के बहुते चहलपहल रहेवाला ठोरी के राईधारा, सुवर्णपुर के बाघमोर्चा क्षेत्र मे ई बरीस पर्यटक के संख्या मे कमी आईल बा ।

वितल बरीससब मे अंग्रेजी नयाँ बरीस के दिन ठोरी मे हजारो के संख्या मे आदमीसब वनभोज खाए आ घुमफिर करे आवत रहलन । कोरोना महामारी के चलते सीमा क्षेत्र मे नेपाली सुरक्षाकर्मी से कईल कडाइ के चलते पर्यटक आगमन मे कमी आईल स्थानीय के कहनाम बा ।

नयाँ बरीस के दिन हरेक बरीस भारत के बेतिया, नरकटियागञ्ज, पटना लगायत के सहर आ सीमावर्ती गाँव से हजारो के संख्या मे भारतीय पर्यटकलोग सवारी साधन लेके ठोरी आवत रहलन ।

माकिर कोरोना डर के चलते ई बरीस भारतीय नम्बर प्लेट के सवारी साधन प्रवेश मे रोक लगवले बा ।

नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक के कमाण्ड मे सीमावर्ती क्षेत्र मे सुरक्षाकर्मी परिचालन कईल रहे । जउना के चलते छिटपुट बाहेक भारतीय पर्यटक ठोरी मे प्रवेश करे हि ना मिलल ।

दुनु ओरी के सुरक्षा निकाय के समन्वय मे सीमा क्षेत्र मे आवतजावत मे कडाई कईल सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोष्ट ठोरी के प्रहरी निरीक्षक शंकर कोइराला बतवनी ।

‘कोरोना कहर के चलते अभी भी नेपाल भारत सिमा क्षेत्र मे आवतजावत मे सरकार रोक लगवले बा,’ कहत उ, ‘उहे निर्देशन मुताविक सुरक्षा सतर्कता अपनावत सीमा क्षेत्र मे कडाई कईल गईल बा ।’

सुरक्षा सतर्कता के चलते मोटरसाइकल, बस, बोलेरो, जिप, ट्याक्टर जईसन सवारी साधन लेके आवेवाला पर्यटक आवे मिलल नइखे । सुरक्षा सतर्कता अपनाके पर्यटक के स्वागत करे सकला मे सरकार रोक लगाके लाखो के नोक्सानी सहेके पडल ठोरी बजार के व्यापारीलोग बतवनी ।

भारतीय पर्यटक के संख्या कम भईला पर नयाँ बरीस मे ठोरी मे वितल समय जईसन उल्लास ना देखल गईल ठोरी–३ के वार्ड अध्यक्ष सूर्यबहादुर लामा जानकारी देहनी ।

‘भारतीय पर्यटकलोग समूह मे वनभोज खाए, रेड हील, ह्वाइट हील, झोलुङ्गे पुल चढे आवत रहलन,’ कहत उ ‘सवारी साधन लियावे ना मिलला के बाद कमे मात्र आईल बाडन ।

पिछिलका बरीससब मे ठुटेखोला क्षेत्र मे सवारी साधन के भिड रहला मे शुक के दिने कम मात्र सवारी साधन देखल गईल स्थानीय बतवले बाडन । भारतीय पक्ष कैयन पर्यटक के शुभद्रा के भवानीपुर ओर हि रोकल स्थानीय बतवनी ।

वितल बरीस मे नयाँ बरीस मे राईधारा, रानीवन क्षेत्र मे खचाखच पर्यटक हो रहल भईला पर भी ई पाली ओईसन ना देखल गईल स्थानीय महिला अगुवा गोकुलीकुमारी रेग्मी बतवनी ।

‘राईधारा क्षेत्र पिकनिक खाए आवेवाला पर्यटक से भरल रहत रहे । होटल ओरी के व्यवसाय बढिया चलत रहे । कोभिड–१९ के चलते ई पाली खासे पर्यटक ना देखल गईलन,’ कहत उ ‘भारतीय सवारी आवेमे रोक लगईला पर भी पैदल आवे देहल गईल बा । कैयन के ओनहि रोकल भी सुनले बानी ।

’ वीरगंज, कलैया, जीतपुर पर्सा बारा के ग्रामीण क्षेत्र के आन्तरिक पर्यटक के संख्या मे भी पिछिलका बरीस के बराबरी मे कमी आईल स्थानीय शिक्षक चिरञ्जीवी सापकोटा के कहनाम बा ।

कोरोना डर के चलते बितल बरीस के बराबरी मे ई बरीस पर्यटक के संख्या ६० प्रतिशत के हाराहारी मे घटल निर्मल ठोरी मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष बालकुमार बस्नेत बतवनी ।

समिति ठोरी के राईधारा क्षेत्र मे सरसफाई शुल्क बापत ४ पाङ्ग्रे सवारी से प्रति सवारी १ रोपेया के दर से लेवेला । ई बरीस सवारी साधन के संख्या घटला से सरसफाई शूल्क कम संकलन भईल अध्यक्ष बस्नेत जानकारी देहनी ।

आन्तरिक पर्यटकलोग नयाँ बरीस के दिन पारके वनभोज खाए खातिर रानीवन, राइधारा, बुलबुले आ क्यामुना घारी मे आवेलन ।

बितल बरीस वनभोज खाएवाला जगहा भी ना होके कैयनलोग खोला के किनार मे वनभोज खाईल ठोरी–४ के घनश्याम रिसाल स्मरण कइनी ।

ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पिएल श्रेष्ठ संघ सरकार नाकाबन्दी जारी हि राखला के चलते पर्यटक चाह के भी आवे ना मिलल बतवनी ।

‘आन्तरिक पर्यटक त आईल बाडन, माकिर बेसी आवेवाला भारतीय हि हउवन,’ कहत उ, ‘सवारी साधन आवागमन मे रोक लागला से ओकर असर देखल गईल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।