प्रदेश २ मे नेकपा के संसदीय दल मे महतो, मण्डल के हटावल गईल

जनकपुरधाम २१ पुस

नेकपा प्रचण्ड–माधव समूह के नेकपा प्रदेश २ के संसदीय दल के नेता से सत्यनारायण मण्डल के हटवले बा । एकरा से पहिले केपी ओली निकट के मण्डलबिरुद्ध अविश्वास के प्रस्ताव दर्ता कईल ई समूह मंगर के दिने संसदीय दल के बईठक बोलवले रहे । बईठक से अविश्वास के प्रस्ताव पारित करत मण्डल के संसदीय दल से हटवले बा ।

अब संसदीय दल के नेता मे शत्रुधन महतो चयन भईल बाडन । नयाँ नेता चयन के खातिर निर्वाचन कार्जक्रम सार्वजनिक तय कईल रहे ।

मंगर के दिन के २ बजे तक मनोनयन दर्ता आ २ः४५ बजे उम्मेद्वार के अन्तिम नामावली प्रकाशन करेके समय निर्धारण कईला मे महतो के एकल उम्मेदवारी पडला के बाद उ निर्विरोध दल के नेता मे चयन भईल सांसद गोबिन्दबहादुर न्यौपाने जानकारी देहनी ।

नेकपा के कुल ३२ सांसद मेसे १८ जने सांसद हस्ताक्षर करके मण्डलबिरुद्व अविश्वास के प्रस्ताव दर्ता करवले रहलन । महतो के दल नेता चयन करे खातिर बहुमत १९ जने सांसद के हस्ताक्षर संकलन कईल सांसद न्यौपाने बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।