पत्रकार महासंघ के महाधिवेशन फागुन ४ आ ५ गते

काठमाण्डु ५ माघ

नेपाल पत्रकार महासंघ के २६ वाँ महाधिवेशन आवेवाला फागुन ४ आ ५ गते काठमाण्डु मे होखेवाला भईल बा । शनिचर आ एतवार के दिने सिन्धुपाल्चोक के हेलम्बु मे बईठल महासंघ के केन्द्रीय समिति के १२ वाँ पूर्ण बईठक से महाधिवेशन के मिति तय कईले बा ।

महासंघ आवेवाला माघ २० गते तक सभी शाखासब के साधारणसभा आ माघ ३० तक प्रदेश के साधारण सभा पुरा करेके निर्णय भी कईल महासचिव रमेश विष्ट जानकारी देहनी ।

महासंघ निर्वाचन प्रक्रिया पुरा करे खातिर १ जने वरिष्ठ पत्रकार के संयोजकत्व मे ४ जने अधिवक्ता आ समावेशी क्षेत्र के पत्रकार के भी प्रतिनिधित्व होखेवाला किसिम से ७ सदस्यीय केन्द्रीय निर्वाचन समिति गठन करेके जिम्मा केन्द्रीय कार्यालय के देहले बा ।

महासंघ अनुमोदन भईल नयाँ सदस्य के विवरण माघ १५ गते तक केन्द्रीय कार्यालय मे पठावे खातिर प्रदेश समिति के निहोरा कईले बा ।

पत्रकार महासंघ प्रतिनिधिसभा विघटन आ ओकरा बाद के राजनीतिक घटनाक्रम से संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र, देश के संविधान, नागरिक अधिकार एवम् प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता उपर आँच आवे ना देवेके महासंघ सजग आ आउर क्रियाशील रहेके प्रतिवद्धता जनवले बा ।

एहितरे संविधान कार्यान्वयन आ संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के संस्थागत विकास के पक्ष मे दृढतापूर्वक खडा होखेके निर्णय भी कईल महासचिव विष्ट बतवनी ।

महासंघ श्रमजीवी पत्रकार के बिना नियुक्ति पत्र काम मे लगावेके, सरकार से तोकल न्युनतम पारिश्रमिक ना देवेके, नियमित पारिश्रमिक भुक्तान ना करेके, पारिश्रमिक कटौती करेके, बेतलवी विदा मे राखेके आ गैरकानुनी तबर से निस्काशन करेवाला गतिविधि ना रोकल उपर गम्भीर चिन्ता व्यक्त कईलले बा ।

महासंघ श्रमजीवी पत्रकार के पक्ष मे करत आईल आन्दोलन आउर सशक्त बनावेके आ श्रमजीवी पत्रकारलोग के लैंगिक विभेद ना करके समान काम के खातिर समान पारिश्रमिक तथा सेवा सुविधा प्रदान करे खातिर भी निहोरा कईले बा ।

महासंघ कोभिड–१९ महामारी से प्रभावित सञ्चारमाध्यम आ पत्रकारलोग के विशेष राहत प्याकेज तत्काल कार्यान्वयन मे लियावे खातिर माग कईले बा । स्वरोजगारमूलक मिडिया के सम्वद्र्धन आ प्रवद्र्धन के खातिर तीनु तह के सरकार के विशेष निहोरा कईले बा ।

सञ्चारमाध्यम के दर्ता खारेज ना करेके संवैधानिक हक के सम्मान करत अनलाइन लगायत के सञ्चारमाध्यम के नवीकरण के सहज बनावे खातिर भी महासंघ माग कईले बा ।

स्थानीय तह से मिडिया के दर्ता, नवीकरण, विज्ञापन के रकम भुक्तानी, प्रेस पास वितरण आ विमा के व्यवस्था मिलावे खातिर भी निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।