महोत्तरी मे टिपर के ठोकर से दु जने के मृत्यु

जनकपुरधाम १२ माघ

महोत्तरी के औरही नगरपालिका मे टिपर के ठोकर से मोटरसाइकल मे सवार दु जने के मृत्यु भईल बा ।

नगरपालिका के वार्ड नम्बर ४ कठुवार मे सोमार के सबेरे ना ८ ख ९८० नम्बर के टिपर ज ६ प १४०९ नम्बर के मोटरसाइकल के ठोकर देहला पर मोटरसाइकल चालक १९ बरीस के प्रमोद राम आ पछाडि सवार १३ बरीस के बालक गुड्डु नदाफ के मृत्यु भईल महोत्तरी प्रहरी के सूचना अधिकारी एवं प्रहरी निरीक्षक रंजन मिश्र जानकारी देहनी ।

उलोग के घटनास्थल मे मृत्यु भईल बा । ठोकर देवेवाला टिपर चालक के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा । घटना के विरोध मे स्थानीय टायर बारके प्रदर्शन करत सडक अवरुद्ध कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।