माण्डवी नामक गैर सरकारी संस्था उपर कठोर बनेके बाध्यता आईल : मेयर मेहता

मेवालाल यादव

रौतहट २७ माघ

इशनाथ नगरपालिका के नगर प्रमुख सन्तोष कुमार मेहता स्थानीय सरकार के विना इजाजत माण्डवी नामक गैर सरकारी संस्था काम कर रहला मे आपत्ति जनवले बा ।

इशनाथ नगरपालिका मे आजु आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे नगर प्रमुख मेहता स्थानीय तह मे काम करेवाला एनजिओ तथा आइएनजिओसब पहिले स्थानीय तह से स्वीकृति लेके मात्र काम करेके प्रावधान रहला पर भी माण्डवी नामक संस्था गैरकानुनी रुप मे काम कर रहला पर उ काम उपर आपत्ति जनवले बानी ।

दातृ निकाय युएन ओमेन प्रोजेक्ट से आर्थिक लगानी मे माण्डवी से लियावल अनेकन कार्जक्रमसब के बारेमे इशनाथ नगरपालिका के जानकारी हि ना देके धमाधम कार्जक्रम कर रहला पर समाज सेवा के नाम मे राजनितिकरण कर रहला से उ काम कानुन विपरित रहल बतावत माण्डवी के सहजोग करेवाला दातृ निकाय के अविलम्ब कामसब बन्द करे खातिर पत्राचार कईल मेहता पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी करवनी ।

राजनीतिक स्वार्थ पुरा करे खातिर खोलल गैरसरकारी संस्था माण्डवी जनहित विपरित काम कर रहला से जनतासब के व्यापक सिकाईत बढला के बाद उ संस्था विरुद्ध नगरपालिका ना चाह के भी कठोर कदम उठावे मे बाध्य भईल पत्रकार सम्मेलन के सम्बोधन करत नगरप्रमुख मेहता युएन ओमेन प्रोजेक्ट के कार्जक्रम से राजनितिक स्वार्थ पुरा करेके उद्देश्य से ग्रसित रहला पर इहाँ समाजिक सदभाव मे खलल पुगेवाला भईला से नियम विपरित काम कईला से उ कामसब रोके खातिर नगरपालिका बाध्य भईल स्पष्ट कइनी ।

इशनाथ नगरपालिका केहु से पुर्वाग्रही ना रहला से मण्डवी नगरपालिका से सहकार्य करके अगाडि बढला पर स्वागतयोग्य रहल बतवात माण्डवी मात्र ना कउनो भी संघसंस्थासब काम करे से पहिले नगरपालिका से स्वीकृति लेके कईला पर जनमुखी भा प्रभावकारी होखेके बतवनी ।

केहु से पुर्वाग्रही ना भईल माकिर संस्था चलावेके बा त संस्थागत हिसाव से अगाडि बढेके पडल ना त जदी राजनिति करेके बा त संस्था छोडेके पडि कहनी ।

नेपाली काँग्रेस के इशारा मे गरिव निमुखा सहित लक्षित वर्ग के लाभान्वित ना कराके आपन पटेक के आदमी तथा पार्टीगत रुप मे आबद्ध रहल जनता के लाभान्वित करावेवाला भईला से उ काम के नगरपालिका से अगाडि बढे ना देवेके बतवनी ।

आर्थिक बरीस २०७५÷०७६ मे डेढ सय डिप हण्डपाइप जडान करे खातिर स्वीकृति लेहला पर भी आर्थिक बरीस पुरा करके दोसर आव आईल माकिर जनता के राहत के नाम मे राजनिति सुरु कर रहल भी उ आरोप लगवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे उपस्थित वार्ड अध्यक्षलोग माण्डवीद्धारा डिप हैण्डपाइप जडान कईला पर एक आदमी से १० से १२ हजार तक रोपेया लेके जडान कर रहल गम्भिर आरोप लगइला पर युएन ओमेन प्रोजेक्ट के ध्यान जाएके जरुरी रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।