“संविधान के रक्षा के खातिर फेनु शक्तिशाली आन्दोलन करेके पडि”

मलंगवा ६ फागुन
संविधान आ लोकतन्त्र के रक्षा के खातिर फेनु संषर्घ करेके जरुरत रहल नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल “प्रचण्ड” बतवले बाडन ।
सर्लाही के हरिपुर नगरपालिका–१ हजारबिघा मे आजु आयोजना कईल नेकपा के केन्द्रीय सदस्य तथा सर्लाही जिल्ला इन्चार्ज डाचाराज वाग्ले के श्रद्धाञ्जली सभा के सम्बोधन करत अध्यक्ष प्रचण्ड अभी के सरकार प्रतिगमनकारी बनल आरोप लगवनी । संविधान के रक्षक हि भक्षक बनला के बाद देश मे आन्दोलन करेके जरुरत रहल बतवनी ।
“केपी ओली के सरकार प्रतिगमन ओरी उन्मुख बनल बा । जनता के हक अधिकार कुण्ठित करेके काम कईले बा”, कहत प्रचण्ड, “संविधान के लत्याके निरकुंशता लियावे के दाव मे अभी के सरकार लागल बा । लाखो जनता के खुन पसिना से लियावल लोकतन्त्र आ गणतन्त्र खतरा मे पडल बा । रक्षक हि भक्षक बनला के बाद का कहल जाँव ?”
केपी ओली प्रवृति के परास्त करत संविधान, लोकतन्त्र आ गणतन्त्र के जित सुनिश्चित करे खातिर पहिले से आउर दृढ्ता आ संकल्प के साथ कैयन गुण बेसी आन्दोलन करेके जरुरत रहल उनकर कहनाम बा । “अभी के समस्या सभी नेपाली के समस्या ह । एकर विरोध कईल सभी के सझा उदेश्य भी ह”, कहत उ, “ओहिसे सभी मिल के अभी के परिस्थिति के परास्त करेके पडि ।”
संविधान मे अभी कुछ बात ना पुगल कहेवाला मेसे एक खुद भी रहल प्रचण्ड बतवनी । “दुसरका बेर प्रधानमन्त्री भईला पर संसद भितर संविधान संशोधन के प्रस्ताव दर्ता भी करवले बानी । अभी के संविधान के बढिया पक्ष के रक्षा करत अपुग रहल बात परिमार्जन कईल जरुरी बा”, कहत उ, “मधेसी, आदिवासी जनजाती, महिला, दलित तथा अल्पसंख्यक समुदाय के हक अधिकार के रक्षा करत आउर उपलब्धि के खातिर अगाडि बढला के कउनो विकल्प नइखे ।”
दोसर अध्यक्ष माधवकुमार नेपाल मिटर ब्याजी आ घुसखोर के परास्त करे खातिर पार्टी के नेता कार्यकर्ता के निर्देशन देहले बाडन । गरिब, जनानी आ दलित उपर दमन आ अत्याचार करेवाला कम्यूनिस्ट ना हउवन । जदि पार्टी भितर कउनो अईसन प्रवृति के आदमीसब बाडन आ ओईसन के सुधार करेके निर्देशन देहनी ।
मायाप्रिती राखेके, उलोग के पईसा मे मौज करेके काम कईले बानी आ गल्ती स्वीकार अभी हि करके सही रास्ता मे लागेके उ निर्देशन देहनी । बिहान छानबिन मे अईसन प्रवृति मिलला पर पार्टी से कारबाही करेके नेपाल बतवनी ।
अध्यक्षद्वय देश के राजनीतिक विषयवस्तु से भी डाचाराज वाग्ले से कईल काम कारबाही आ उ पार्टी मे पुगावल योगदान के बारे मे चर्चा कईले रहनी । “वाग्ले जिल्ला मे सुदखोर से जोगावे खातिर बडका योगदान पुगवले बा”, कहत नेपाल, “वाग्ले के चलते बहुते गरिबलोग सुदखोर के अन्याय आ अत्यार से बँचल बाडन । कैयन उन्मुक्ति भी मिलल बा ।”
एने वाग्ले के मेहरारु सरस्वती मिश्र वाग्ले आपन मरद के निधन रहस्यमय रहल बतवले बानी । घटना मे पुलीस कमजोरी देखावल उ बतवनी । रात के समय मे भईल घटना के सुरक्षित राखेके काम पुलीस से ना कईला पर घटना आउर रहस्मय बनल उ दाबी कइनी ।
वाग्ले के बितल माघ २१ गते निधन भईल रहे । बरहथवा मे आयोजना कईल मशाल जुलुश के सम्बोधन करके २२ गते के नेपाल बन्द के बारे मे छलफल करे खातिर बागमती जारहल बरहथवा नगरपालिका ९ पैतालिस बिघा के मुर्तिया जंगल मे वाग्ले मोटरसाइकल दुर्घटना मे पर के मृत अवस्था मे मिलल रहलन ।
कार्जक्रम मे पार्टी प्रवक्ता नारायणकाजी श्रेष्ठ, स्थायी समिति सदस्य गिरीराजमणी पोखरेल, लिलामणी पोखरेल, जनता समाजवादी पार्टी के कार्यकारणी समिति सदस्य महेन्द्रराय यादव लगायत के नेतालोग के सहभागीता रहल रहे ।






