प्रधानाध्यापक ठाकुर के वार्ड अध्यक्ष अबदुल देहलन ज्यान मारेके धम्की

मेवालाल यादव

रौतहट १९ फागुन

रौतहट जिल्ला के इशनाथ नगरपालिका मे रहल श्री बि.पि. कोइराला आदर्श उच्च माध्यमिक बिद्यालय के प्रधानाध्यापक राकेश कुमार ठाकुर के उ नगरपालिका के वार्ड न. ७ के वार्ड अध्यक्ष अबदुल खालिक जान मारेके धम्की देहले बाडन ।

अबदुल खालिक बिधालय के अफिस मे जाके राकेश कुमार ठाकुर के आजु जान मारेके धम्की देहल जनावल गईल बा । अबदुल खालिक प्रधानाध्यापक राकेश कुमार ठाकुर के हमर नाति के न्युक्ति करके बिधालय से तलब खियावेके आ ना खियावेके कहला पर प्रधानाध्यापक राकेश कुमार के जान मारेके धम्की देहल ठाकुर बतवले बानी ।

हमर इशारा मे काम कर ना त दु लाठी उपर दु लाठी निचे राख के घेंट बजा देम वार्ड अध्यक्ष अबदुल खालिक के कहनाम रहल ठाकुर बतवले बानी । वार्ड अध्यक्ष के नाति शेख इमरान आलम बिना न्युक्ति के मनमौजी बिधालय मे जाके हाजिरी बनावत आईल बाडन कहके प्रधानाध्यापक राकेश कुमार ठाकुर प्रष्ट कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।