२ जनानी सहित ७१ जने खुनदान कईले

वीरगंज २२ फागुन

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १४ पिपरा स्थित युवा समाज पिपरा से आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम के उदघाटन वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी कइनी ।

उदघाटन के समय मे मेयर सरावगी खुन मे कउनो जात, धर्म के भिन्नता ना रहल कहत सामाजिक भावना के जागृत करेके बिचार रखनी । महानगर प्रमुख सरावगी मानव जीवन रक्षा के खातिर बहुते जरुरी खुन के कमी होखे ना देवे खातिर महानगरपालिका भी रक्तसञ्चार केन्द्र के स्थापना के खातिर सोंच बना रहल बतवनी ।

युवा समाज पिपरा के अध्यक्ष अनिल पटेल के अध्यक्षता मे भईल खुनदान कार्जक्रम मे २ जनानी सहित ७१ जने खुनदान कईले बाडन । कार्जक्रम मे वार्ड नम्बर १४ के वार्ड अध्यक्ष भरत कुर्मी, नेकपा वीरगंज महानगर अध्यक्ष रहबर अन्सारी, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नम्बर २ के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, नयाँवस्ती टोल सुधार समिति के अध्यक्ष हरि गौतम, प्रेस संगठन नेपाल पर्सा के संयोजक निरज पिठाकोटे लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

खुनदान कार्जक्रम के बाद महानगर प्रमुख सरावगी पमपम विल्डिङ मे आयोजना कईल आदिवासी, जनजाति, पिछडावर्ग के समुदाय के खातिर सीपमूलक कम्प्युटर तालिम के उदघाटन कईले रहनी ।

ओकरा बाद महानगर प्रमुख सरावगी वार्ड नम्बर २ रेलवे रोड मे निर्माणाधिन तरकारी तथा फलपूmल बजार के स्थलगत अनुगमन भी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।