वीरगंज नगवावासी कोभिड–१९ से सुरक्षित होत सभ्य आ भब्य रुप मे होली मनावेमे प्रतिबद्ध

वीरगंज १३ चईत
विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोभिड–१९ के संक्रमण से सुरक्षित होत भव्य आ सभ्य रुप मे होली पर्व मनावे खातिर वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ नगवा के स्थानिय राजनितिक दल के अगुवा, समाजसेवी, बुद्धिजिवी, भद्रभलादमी, महिला अगुवा सहमत भईल बाडन ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय नगवा के प्रहरी नायब निरिक्षक गौरिशंकर साह के अगुवाई मे प्रहरी कार्यालय मे आयोजना कईल सर्वपक्षिय भेला मे सहभागिलोग हिन्दु धर्मावलम्बीलोग के पवित्र पर्व के रुप मे रहल होली भव्य आ सभ्य रुप मे सुरक्षा के मापदण्ड अपना के मनावेके निर्णय कईले बाडन । वार्ड मे होखेवाला अवान्छीत गतिविधि नियन्त्रण करेके, बहुते दारु पिके हो हल्ला करेवाला के नियन्त्रण करेके, हेलमेट ना पहिन के सवारी साधन चलावेवाला के, होली के बहाना मे भोजपुरी अश्लिल गित बनावेवाला के नियन्त्रण करके कारवाही करेके भेला से निर्णय भी भईल बा ।
भेला मे स्थानिय अगुवा नेता अशोक पटेल चाडपर्व के बहाना मे कालाबजारी करके उपभोक्ता के ठगी करेवाला उपर निगरानी बढावे खातिर पुलीस प्रशासन के निहोरा कईले रहनी । हिन्दुलोग के चाडपर्व के आड मे इहाँ के मासु व्यवसायी मनमौजी तरिका से दररेट बढाके बेंचेवाला भईला से ओईसन के उपर कडा कारवाही करेके माग कइनी ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय, उपभोक्ता समिति, जिल्ला प्रहरी कार्यालय लगायत के सम्बन्धीत निकाय से हि खोसी के मासु प्रति केजी १ हजार के दर से विक्री वितरण करेके दररेट तोकले बा, माकिर अनुगमन ना भईला के बाद मासु व्यवसायीलोग आपन मनमौजी तरिका से दररेट राख के बेंचला से समय मे उलोग के सचेत करावे खातिर निहोरा कइनी ।
उ समाज मे रहल तेश्रो लिंगीलोग अर्धनग्न घुम के समाज मे विकृती फईलावेके, रात मे बाईपास रोड मे घुम के आमसर्वसाधारण के सरसमान छिनेके, चालक, सह चालक तथा रात के काम से आवेवाला युवालोग के फँसा के अनैतिक काम करावेवाला भईला से ओईसन गतिविधि के समय मे नियन्त्रण करे खातिर सुझाव देहल गईल रहे ।
कार्जक्रम मे बौद्धिमाई विकास क्षेत्र के अध्यक्ष रामाधार चौरसिया सार्वजनिक जगहा मे हो हल्ला करेके, केहु के ईच्छाविपरित रंग अविर लगईला पर, बहुते दारु पिके झै झगडा करेके आ २५ जने से बेसी भेला होखेवाला आदमी के कडा कारवाही करे खातिर ईलाका प्रहरी कार्यालय के सुझाव भी देहनी ।
भेला मे प्रहरी नायब निरिक्षक साह वार्ड मे शान्ति सुरक्षा कायम करावे खातिर स्थानिय के सहजोग जरुरी रहल बतवनी । टोल समाज मे शान्ति सुव्यवस्था कायम करावे खातिर खुद प्रतिबद्ध रहल बतावत स्थानिय के सहजोग सहकार्य मिलला पर काम करेमे आउर उर्जा मिलेके बतवनी ।
भेला मे वार्ड समिति के निलम्बीत अध्यक्ष श्यामबाबु चौरसिया, वार्ड सदस्य विजय साह, कृष्ण कुशवाहा, राजनितिक दल के स्थानिय अगुवा बाबुनन्द चौरसिया, रविन्द्र श्रीवास्तव, विनोद चौरसिया, देवनाथ चौरसिया, मुन्ना साह, प्रभु साह, शिव गुप्ता, अरुण यादव, मुसाफिर मियाँ लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






