हुलाकी सडक बनावेके काम रोकल कहत ठोरी मे आन्दोलन आ तालाबन्दी

वीरगंज १९ चईत

चितवन राष्ट्रिय निकुंज हुलाकी सडक निर्माण करेमे अवरोध कईल कहत पर्सा के ठोरी के वासिन्दा निकुंज के मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति आ सामुदायिक वन समिति के कार्यालय मे तालाबन्दी कईले बाडन ।

निकुंज प्रशासन सडक निर्माण करेमे रोक लगईला पर ठेकेदार सडक अलपत्र छोडल कहत उलोग निर्मल–ठोरी मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के कार्यालय आ वनशक्ति सामुदायिक वन समिति के कार्यालय मे तालाबन्दी कईले बाडन ।

ठोरी गाँवपालिका–२ स्थित मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के कार्यालय अगाडि भेला भईल स्थानीय चितवन राष्ट्रिय निकुंज विरुद्ध नाराबाजी भी कईले रहलन ।

स्थानीय वासिन्दा सडक निर्माण के खातिर वातावरण बनावे ला चितवन राष्ट्रिय निकुंज मे पहल करे खातिर मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के पदाधिकारीलोग से निहोरा कईले रहलन ।

स्थानीय के भेला से सडक निर्माण के खातिर दबाव देवेके कहत स्थानीय जगेन्द्र पौडेल के संयोजकत्व मे संघर्ष समिति भी गठन कईले बाडन । सडक निर्माण के निरन्तरता देवेके माग करत शुक के दिने गाँवपालिका अध्यक्ष के ज्ञापनपत्र बुझावे के पौडेल बतवनी ।

चितवन राष्ट्रिय निकुंज निकुंज क्षेत्र मे सडक निर्माण करे ना देहला के चलते ठोरी मे हुलाकी सडक के करिब ७ किलोमिटर निर्माण पुरा होखेके बाँकी बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।