ठोरी ४ विजयबस्ती मे सशस्त्र पुलीस के ज्यादती, स्थानिय द्धारा बिओपी घेराव, डिएसपी थापा माफी मँगलें

मेघराज राय

जिराभवानी २० बैशाख

ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ विजयबस्ती मे जिल्ला से आईल ससस्त्र पुलीस के डिएसपी के कमाण्ड मे रहल टोली विजयबस्ती चोक किनार मे घर मे चाय पिरहल स्थानीय उपर हाथपात कईले बा ।

सशस्त्र प्रहरी के डिएसपी दिपेन्द्र थापा के नेतृत्व मे आईल टोली स्थानीय उपर अचानक आक्रमण कईला के बाद विजयबस्ती के स्थानीयबासी हजारो के संख्या मे जम्मा होके डिएसपी के घेराव कईला के बाद स्थानीय के आगाडी आपन गल्ती स्वीकार करत माफी मँगले रहलन । विजयबस्ती चोक से पश्चिम ओरी के घर के आँगन मे चाय पिरहल ४ जने उपर ससस्त्र पुलीस के एक सिपाही आके एक शब्द भी ना बोलके अन्धाधुन्ध लाठी प्रहार कईल घटना के प्रत्यक्षदर्शी अमर निर्दोष बतवनी । लाठी प्रहार कईला के बाद होहल्ला भईल आ डिएसपी सहित के टोली खानेपानी स्थित ससस्त्र प्रहरी कार्यालय भितर प्रवेश कईले रहलन ।

डिएसपी टोली सशस्त्र क्याम्प भितर प्रवेश कईला के बाद हजारो के संख्या मे आईल स्थानीयबासी डिएसपी के तुरुन्त कारबाही के माग करत आन्दोलन मे उतरला के बाद उ स्थानीयबासी के अगाडी अब से कभो अईसन गलती ना करेके बचन देत माफी मँगले रहलन । लाठी चार्ज करेवाला सिपाही स्थानीय सामु हाथ जोड के माफी मँगले रहलन । लाठीचार्ज से घायल भईललोग के ईलाज आ फुटल मोबाइल सेट भी नयाँ किन के देवेके बाचा कईला के बाद माहोल शान्त भईल रहे ।

डिएसपी माफी मागला पर भी शान्त ना भईल भिड के स्थानीय नेता तथा बुद्धिजीविलोग शान्त कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।