पर्सा के ग्रामिण भेग से निषेधाज्ञा मे भी तस्करी ना रुकल, सशस्त्र पुलीस के सेटिङ्ग मे तस्करी हो रहल आरोप

मेघराज राय

जिराभवनी १९ बैशाख

सीमा क्षेत्र से होखेवाला तस्करी नियन्त्रण करेके जिम्मेवारी मिलल सशस्त्र के संरक्षण मे पर्सा के ग्रामिण क्षेत्र के अनेकन नाकासब से तस्करी बढल आरोप बढल बा ।

सशस्त्र पुलीस जिल्ला के सदरमुकाम मे कडाई कईल जईसन देखल गईला पर भी ग्रामीण क्षेत्र मे तस्करी मे कउनो कमी आईल नइखे । लकडाउन मे छोटमोट सामानसब पकड के कुछ काम देखावेके खोजला पर भी संस्थागत तस्करी रुकल नईखे । पर्सा जिल्ला मे खुला सीमाना भईला से तस्करलोग के अबैधरुप मे सामान नेपाल लियावे मे सहज भईल बा । सशस्त्र पुलीस दैनिक सामान बरामद कईल देखाके बहुते परिमाण मे सेटिंग मिलाके रात के समय मे सामानसब नेपाल आ रहल बा ।

पर्सा के बीरगंज मुल भन्सार नाका से अबैध सामान आवेमे कडाई भईला के चलते तस्करलोग ग्रामिण सिमानाका प्रयोग कर रहल आ सामान लिया रहल जनावल गईल बा । पर्सा के ग्रामीण नाका से भारतीय अबैध सामान पर्सा के ग्रामिण नाकासब भिस्वा, जानकीटोला, दसावता, पाण्डेपुर, महादेवपट्टी, मालीबस्ती, बिजयबस्ती, ठोरी लगायत के नाकासब से सामान अबैधरुप मे लिया रहल मिलल बा । सशस्त्र पुलीस के मिलोभगत मे भारतिय अबैध सामानसब पर्सा के ग्रामिण क्षेत्र तक लियाके उ क्षेत्र से करिब २०÷२५ गो मोटरसाईकल के प्रयोग करके सामानसब नेपाल के बीरगंज, चितवन, बारा के जितपुर, सिमरा आ काठमाण्डु लगायत के जगहा तक पुगा रहल बाडन ।

नेपाल भारत सीमा नाका मे नेपाल प्रहरी के चौकीसब रहला पर भी रातभर मोटरसाईल ओहोरदोहोर कईला पर भी नियन्त्रण करे खातिर खासे ध्यान देहले नईखन । नेपाल प्रहरी के चौकी इन्चार्जलोग के मिलेमतो मे भी तस्करी हो रहल स्थानियवासीलोग बतवले बाडन । एक स्थानीय बासिन्दा के मुताविक सशस्त्र प्रहरी आ नेपाल प्रहरी भी ‘नयाँ जोगी बेसी राखी घोसल जईसन’ नयाँ नयाँ मे बेसी हल्ला कईल जईसन देखल गईल बा ।

कुछ जगहा से तस्करी कईल सामान पकडला पर भी सेटिङ्ग भईल कुछ निश्चित नाका से तस्करी संस्थागत करेके काम भईल स्थानीय के आरोप बा । तस्करलोग पर्सा के ग्रामीण नाका के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ के मालीबस्ती के नाका बेसी प्रयोग कर रहल बाडन । गाँव के आदमीसब सभी सुतला के बाद मालीबस्ती के नाका प्रयोग करके ठोरी ४ के मालीबस्तीगाँव कहेवाला जगहा मे उतार के सामान तस्करी भईल स्थानीय के कहनाम बा ।

ओने महादेवपट्टी, जानकीटोला के दसावता आ पाण्डेपुर के नाका से हरेक दिन सँझिया ६ बजे से हि भारतीय सामान चिनी सखर बोइलर कुखुरा, उजर अण्डा, भारतीय मल, हार्डवेयर सामान, पेयपदार्थ बेकरी आईटम, पाडा भईस लगायत के सामानसब नेपाल मे तस्करी हो रहल स्थानिय प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।