रौतहट के पत्रकारलोग के खातिर नेता हास्मि स्वास्थ्य सुरक्षा सामान देहनी

मेवालाल कुमार यादव

रौतहट २७ बैशाख,

प्रदेश नम्बर २ अन्तर्गत रहल रौतहट जिल्ला के फिल्ड मे खटल पत्रकार के कोरोना संक्रमण से बँचे खातिर एवं लडे खातिर जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के युवा नेता मोहम्मद अनवर हास्मि स्वास्थ्य समान सहित खाद्यान्न सहजोग कईले बानी ।

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के युवा नेता मोहम्मद अनवर हास्मी विश्व भर फईलत गईल कोरोना महामारी दुसरका भेरिएन्ट के रुप मे बिक्राल रोग से लडेके एवं सुरक्षित रहे खातिर रौतहट के सक्रिय पत्रकार के दु किसिम के मास्क, सेनिटाइजर, ग्लब सहित चाउर एक बोरा सहजोग कईले बाडन ।

रौतहट जिल्ला के २० जने सक्रिय पत्रकार के ४ थान स्वास्थ्य सामान सहित चाउर सहजोग कईल जजउना मे कपडा के मास्क १ थान, सर्जिकल मास्क १ थान, १ थान सेनिटाइजर, १ थान ग्लौब्स (पन्जा), २५ किलो के एक बोरा चाउर जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के युवा नेता एवं समाजवादी मुस्लिम संघ के जिल्ला ईन्चार्ज मोहम्मद अनवर हास्मी सहजोग कईल जानकारी करवले बानी ।

एहितरे रौतहट जिल्ला क्षेत्र नम्बर २ भितर के कउनो भी किसिम के जनता के समस्या पडला पर खाना, दवाई भा सवारी आउर सामान भी निःशुल्क उपलब्ध करावे के जसपा नेपाल के प्रभावशाली नेता मोहम्मद हास्मी जानकारी करवले रहनी ।

रौतहट मे चार गो निर्वाचन क्षेत्र बा, जउना मेसे रौतहट क्षेत्र नम्बर १ के समस्या अर्थात कोरोना के मार से दैनिकी ज्यालादारी करके खाएमे समस्या पडल एवं कोरोना संक्रमण भईल घरपरिवार के भी स्वास्थ्य सामान, खाद्यान्न समान तथा कोरोना के ईलाज करे करावे खातिर जिल्ला युवा नेता मेसे पहिलका नेता मोहम्मद अनवर हास्मी आपन निजि आर्थिक सहजोग मे सकेभर सहजोग कईल आ करेके जानकारी करवले बानी ।

ज्यालादारी करेवाला मजदुर, गरिब, असहायलोग के रौतहट क्षेत्र नम्बर २ भितर के कउनो भी जनता के समस्या पडला पर खाना, दवाई, सवारी भा आउर कुछ सामानके जरुरत पडला पर निःशुल्क सामान उपलब्ध करावेके रौतहट क्षेत्र २ अन्तर्गत रहल बौधिमाई नगरपालिका के कोपवा टोल निवासी तथा जनता समाजवादी पार्टी मुस्लिम संघ रौतहट अध्यक्ष युवा समाजसेवी नेता मोहम्मद अनवर हास्मी बतवनी । साथे आउर सहजोग खातिर आपन मोबाइल नम्बर ९८५५०४०३०४ सार्वजनिक कईल उ समाजिक संजाल से भी बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।