सप्तरी के गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे अक्सिजन के हाहाकार

सप्तरी ३ जेठ
गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल राजविराज मे अक्सिजन के हाहाकार भईल बा । एकरा से पहिले सुनसरी के दुहबी से लियारहल अक्सिजन उहाँ के डिपो देवेके ना मानला के बाद समस्या भईल अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. रंिजत झा बतवनी ।
‘गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे अक्सिजन के ११० गो सिलिण्डर बा । उ मेसे खाली भईल २४ गो सिलिण्डर आजु सबेरे दुहबीस्थित डिपो मे पठावल गईल बा,’ कहत उ, ‘माकिर उहाँ के डिपो भरे खातिर इन्कार कईले बा ।’
ई विषय मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी डिपो मे फुन कर चुकल माकिर अक्सिजन भरेके ना मानल डा. झा बतवनी । डिपो तीन दिन के बाद मात्र अक्सिजन उपलब्ध करावे के जानकारी देहल उ बतवनी ।
तत्काल अक्सिजन उपलब्ध ना भईला पर अस्पताल मे ईलाज करा रहल मरेजी के अवस्था नाजुक होखे सकेके उ बतवनी । ‘देत आईल डिपो अचानक तीन दिन के बाद अक्सिजन देवेके बतईला पर दिमाग काम कईल छोडले बा,’ कहत उ, ‘अभी तक भर्ना भईल सभी कोरोना संक्रमित अक्सिजन के भर मे बाडन । ना अईला पर उलोग के बहुते समस्या हो सकता ।’
अभी अस्पताल के एचडीयू कक्ष मे २५ जने, आकस्मिक कक्ष मे २० आ साईकृष्णा मेडिकल कलेज भवन मे रहल कोरोना अस्पताल मे १६ जने करके ४७ जने ईलाज करा रहला मे ४७ जने अक्सिजन के सपोर्ट मे बाडन ।
डा. झा ई सभी के मंगर के सबेरे तक अक्सिजन उपलब्ध करावे सकला पर भी ओकरा बाद हाथ उठावे सकेके अवस्था आईल उ बतवनी । अक्सिजन के चरम कमी ओरी ध्यान देवेके आ उपलब्ध करावे खातिर उ सभी सरोकारवाला से निहोरा कईले बाडन ।






