कोरोना संक्रमण से जसपा नेता सिंह के मृत्यु

वीरगंज ०४ जेठ
जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) केन्द्रीय सदस्य जितेन्द्र सिंह के कोरोना भाइरस संक्रमण से मृत्यु भईल बा । बारा के पचरौता नगरपालिका १ पिपरपाती घर भईल ५५ बरीस के सिंह के काठमाण्डु के मेडिसिटी अस्पताल मे ईलाज के समय मे मंगर के सबेरे मृत्यु भईल बा ।
एक हप्ता पहिले कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद सिंह घर के होमआइसोलेसन मे रहके दवाई खात रहलन । माकिर स्वास्थ्य अवस्था जटिल भईला के बाद उनका के बितल शनिचर के दिने वीरगंज स्थित अलि अर्थो एण्ड ट्रामा सेन्टर मे भर्ना कईल रहे ।
अवस्था बिगडत गईला के बाद सोमार के सँझिया उनका के वीरगंज से हेलिकोप्टर माफर्त काठमाण्डु के मेडिसिटी अस्पताल लेगईल रहे । उहें ईलाज के समय मे उनकर मंगर के सबेरे मृत्यु भईल उनकर भतिजा विनय सिंह जानकारी देहनी ।
वीरगंज मे सिंह के इलाल कईल डाक्टर नीरज सिंह के मुताविक एक हप्ता पहिले संक्रमण पुष्टि भईल सिंह मे उ समय बोखार मात्र देखल गईला से उ घर मे होम आइसोलेसन मे रहके दवाई खात रहलन ।
माकिर दु दिन के बाद स्वास्थ्य अवस्था जटिल भईला के बाद सिंह के आफन्त शनिचर के दिने अलि अर्थो एण्ड ट्रामा सेन्टर मे लियाके भर्ना कईले रहलन । अलि अर्थो एण्ड ट्रामा सेन्टर मे ईलाज के समय मे अचानक उनकर आँखा फुलला के साथे नाक से खुन बहे लागला के बाद सोमार के सँझिया हेलकोप्टर से काठमाण्डु पठावल गईल रहे ।






