पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मँगलख खोप किनेके अनुमति

वीरगंज १४ जेठ
पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका कोरोना भाइरस विरुद्ध के खोप खरिद करे खातिर स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय से अनुमति मँगले बा । गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदीपकुमार जैसवाल शुक के दिने स्वास्थ्यमन्त्री हृदयेश त्रिपाठी के पत्र लिख के खोप खरिद आ प्रयोग करे खातिर अनुमति मँगले बा ।
विश्वभर फईलल कोरोना भाइरस के महामारी से सुरक्षित रहेके अन्तिम विकल्प के रुप मे खोप मात्र देखल गईल गाँवपालिका के ठहर बा । १५ हजार डोज खोप खरिद करके गाँवपालिकाबासी के लगावेके उद्देश्य से खरिद आ प्रयोग के खातिर अनुमति माँगल गाँवपालिका अध्यक्ष जैयसवाल जानकारी देहनी ।
खोप खरिद के खातिर अनुमति देवेके आ खरिद प्रक्रिया के खातिर जरुरी प्रशासनिक तथा प्राविधिक सहजोग उपलब्ध करावे खातिर भी पत्र मार्फत गाँवपालिका अध्यक्ष जैसवाल स्वास्थ्य मन्त्रालय से निहोरा कईले बा । पत्र मे अनुमति प्राप्त भईला पर नेपाल सरकार से तोकल मापदण्ड भितर रह के खरिद करेके आ उहे मुताविक खोप सञ्चालन करेके प्रतिबद्धता जनावल गईल बा ।
एकरा से पहिले वीरगंज महानगरपालिका १ लाख डोज खोप किन के प्रयोग करे खातिर अनुमति देवेके माग कईले रहे ।






