प्रदेश–२ मे सत्ता सहकार्य करे खातिर निधि सँगे उपेन्द्र यादव के प्रस्ताव

काठमाण्डु २१ जेठ

जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव प्रदेश–२ मे सत्ता सहकार्य करे खातिर नेपाली कांग्रेस सँगे प्रस्ताव गरेका छन् । शुक के सबेरे कांग्रेस उपसभापति विमलेन्द्र निधि से भेट करके यादव सत्ता सहकार्य के प्रस्ताव कईले बाडन ।

यादव सँगे सत्ता सहकार्य के बारे मे छलफल भईल निधि के प्रेस सहजोगी रामजी दाहाल पुष्टि कईलन । ‘राष्ट्रिय राजनीति मे भी सहकार्य हो रहला से प्रदेश–२ के सरकार के बारे मे का करेके कहके छलफल भईल बा’, दाहाल कहनी । सभापति शेरबहादुर देउवा के प्रधानमन्त्री बनावे खातिर यादव ओरी के १२ सांसद हस्ताक्षर कईले बाडन ।

प्रदेश–२ मे जसपा के यादव निकट लालबाबु राउत मुख्यमन्त्री बाडन । माकिर दोसर अध्यक्ष महन्थ ठाकुर पक्ष प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के समर्थन कईला के बाद जसपा विभाजन लगे पुगल बा । एकर असर प्रदेश–२ के सरकार मे पडेवाला भईला के बाद यादव कांग्रेस के समर्थन खोजले बा ।

यादव के प्रस्ताव के उपसभापति निधि सकारात्मक रुप मे लेवेके आ आउर छलफल करे खातिर तइयारी रहल बतवले बाडन । स्रोत के मुताविक शुक के भेट मे निधि सँगे यादव प्रदेश–२ के सरकार मे तत्काल सहभागी होखे खातिर प्रस्ताव कईले रहलन ।

माकिर तीन बरीस जसपा से नेतृत्व कईला से बाँकी कार्यकाल कांग्रेस के देवे खातिर निधि प्रस्ताव कईनी । यादव जनकपुर जाएके समय तय भईला से छलफल निष्कर्ष मे पुगे ना सकल । माकिर निधि आ यादवबीच फेनु आउर छलफल होखेके जनावल गईल बा ।

प्रदेश २ के प्रदेशसभा मे कुल १०७ सांसद रहला मे नेकपा माओवादी केन्द्र ४ जने के निष्कासन कईल आ बाद मे एक जने मनोनित कईला के बाद अभी सांसद के संख्या १०४ बा । सत्तारुढ जसपा सँगे ५५ सांसद बा, जउना मे ३० तत्कालीन समाजवादी आ २५ जने तत्कालीन राजपा पक्ष के बाडन । एहितरे नेकपा एमाले के कुल २१ सांसद बाडन आ नेपाली कांग्रेस के १९, नेकपा माओवादी केन्द्र के ८ आ नेपाल संघीय समाजवादी पार्टी के एक जने सांसद बाडन । प्रदेश २ मे सरकार निर्माण के खातिर ५३ सांसद जरुरी पडि ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।