वीरगंज मे निषेधाज्ञा थपईला के बाद विद्यालय सञ्चालन के कार्यतालिका प्रभावित

वीरगंज ०१ असाढ
वीरगंज मे असाढ १ से विद्यालय सञ्चालन के तईयारी भईला पर भी असाढ ६ गते तक स्थानीय प्रशासन निषेधाज्ञा जारी कईला के बाद विद्यालय सञ्चालन के कार्यतालिका प्रभावित भईल बा ।
जेठ २१ गते रात सूचना जारी करत वीरगंज महानगरपालिका असाढ १ गते से क्रमिक रुप मे किलास ८ से १२ तक के किलास सञ्चालन करेके निर्णय सार्वजनिक कईले रहे ।
जउना मे अनेकन शर्तसब के पालना करके असाढ १५ गते से नियमित रुप मे पठनपाठन करावेके कहले रहे । असाढ १ गते से ७ गते तक भर्ना लगायत के व्यवस्थापकीय काम करेके, असाढ ८ गते से १५ गते तक भर्ना सप्ताह अन्तर्गत घरदुवरी कार्जक्रम सञ्चालन करेके महानगर के तईयारी रहे । एहितरे असाढ १५ गते के बाद नियमित रुप से पठनपाठन सञ्चालन करेके कहके महानगरपालिका विद्यालय मे पत्र पठवले रहे ।
महानगरपालिका के निर्देशन मुताविक विद्यालयसब पिछिलका शैक्षिक सत्र के नतिजा सार्वजनिक कईला के साथे वैकल्पिक विधि से किलास सञ्चालन करे खातिर जरुरी तइयारी सुरु कईले बाडन । माकिर निषेधाज्ञा भौतिक उपस्थिति मे विद्यालय सञ्चालन करेके तईयारी प्रभावित होखेके देखल गईल बा ।
वीरगंज स्थित रेल्वे मावि के प्रधानाध्यापक दिनेश चौरसिया १५ गते के बाद भी वातावरण अनुकुल भईला पर मात्र विद्यालय सञ्चालन करे सकेके बतवनी । ‘नतिजा निकाले के लगायत के आन्तरिक काम हो रहल बा, ८ गते से भर्ना अभियान सञ्चालन करेके आ १५ गते के बाद विद्यालय सञ्चालन करेके कहल गईल बा,’ कहत उ, ‘वातावरण अनुकूल भईला पर विद्यालय खुल सकता ।’
निजी तथा आवासीय विद्यालय के संगठन प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष डा. हरिशंकर साह केन्द्र आ पालिका से दोसर निर्णय ना आवे तक पिछिलका सूचना के आधार मान के विद्यालय सञ्चालन करेके बतवनी ।
‘हमनी सरकार के निर्देशन मुताविक चलेके ह, ७ गते तक नतिजा लगायत आन्तरिक काम करेके, ८ गते से भर्ना अभियान सञ्चालन करेके आ १५ गते के बाद शर्त पालना करके विद्यार्थी के भौतिक उपस्थिति मे विद्यालय खोलेके कहल गईल बा,’ कहत उ, ‘७ गते के बाद निषेधाज्ञा सहज भईल, केन्द्र भा पालिका से दोसर निर्देशन ना देहला पर एकरा के आधार मान के अगाडि बढल जाई ।’
कैयन विद्यालय तथा कलेज के सञ्चालकलोग महानगरपालिका से तोकल शर्तसब के पालना करके विद्यालय सञ्चालन करेमे समस्या हो रहल बतवनी । उलोग गारजियन से सहमति लेवेके खोजला पर गारजियन तईयार ना भईल बतवनी । तसर्थ विद्यार्थी के स्वास्थ्य से खेलवाड करे ना सकेके उलोग के कहनाम बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के शैक्षिक प्रशासन महाशाखा प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण स्थिति अनुकूल भईला पर असाढ १५ गते से किलास ८ से १२ सञ्चालन करे खातिर विद्यालयसब के निहोरा कईल बतवनी । ‘भर्चुअल करेके भा भौतिक उपस्थिति मे किलास सञ्चालन करेके बा, गारजियन के सहमति पहिलका शर्त ह ।’
माकिर महानगरपालिका विद्यालय सञ्चालन करेके निर्णय कईला पर स्थानीय प्रशासन से एकरा से पहिले समन्वय ना कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे बतवनी । ‘महानगरपालिका विद्यालय सञ्चालन करेके निर्णय कईला पर समन्वय भईल ना रहे, खोलेके तईयारी कईले बाडन, बाद मे ना खोलेके बात भईल बा,’ उ कहनी ।






