अभी भी तीन दिन भारी वर्षात होखी
काठमाण्डु, २ असाढ
जल तथा मौसम पूर्वानुमान महाशाखा अभी भी तीन दिन देश के अधिकांश भाग मे भारी वर्षात होखेके प्रक्षेपण कईले बा । बहुते वर्षात होखेवाला भईला से महाशाखा कुछ जगहा मे बाढ आ पहिरा के खतरा आईल बा । महाशाखा के मौसमविद् मञ्जु बासी के मुताविक मनसुनी वायु सक्रिय भईला से अभी देशभर पानी पर रहल बा । ई वायु के प्रभाव से आवेवालाल शनिचर तक हि देश के अधिकांश भाग मे भारी वर्षात होखेके सम्भावना देखल गईल बा ।
“मनसुनी वायु के प्रभाव से अभी देश के अधिकांश भाग मे अभी वर्षात हो रहल बा”, बासी कहनी, “ई वायु के प्रभाव से आवेवाला शनिचर तक देश के अधिकांश भेग मे भारी वर्षात होखेके योग बा । ओकरा बाद ई क्रम मे ब्रेक लागी ।”
महाशाखा के मुताविक गण्डकी, लुम्बिनी प्रदेश के अधिकांश आ बाँकी प्रदेश के कम जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात हो रहल बा । महाशाखा के मुताविक आजु दिनभर आ रात कर्णाली, वाग्मती प्रदेश मे भारी आ लुम्बिनी तथा गण्डकी प्रदेश के कुछ जगहा मे बहुते भारी वर्षात होखेके सम्भावना बा । ओहिसे महाशाखा ई क्षेत्र मे बाढ पहिरा के खतरा देखल गईल बा ।
“कर्णाली, गण्डकी, लुम्बिनी आ वाग्मती प्रदेश के कुछ जगहा मे भारी वर्षात आ कम जगहा मे बहुते भारी वर्षात होखेके सम्भावना रहला से उ प्रदेश के पहाडी भू–भाग मे पहिरो तथा गेग्रान बहाव के जोखिम रहल, नदीनाला तथा खहरे खोला मे पानी के सतह बढे सकेके तथा यातायात क्षेत्र प्रभावित होखे सकेवाला भईला से जरुरी सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा बा”, महाशाखा के बुलेटिन मे उल्लेख बा । महाशाखा के नियमित बुलेटिन मुताविक, वर्षात के ई क्रम से बियफे आ शुक के दिने भी देशभर निरन्तरता मिली ।
पिछिलका २४ घण्टा मे कम पानी पडेवाला जगहा के पहिलका नम्बर मे पोखरा भरल बा । महाशाखा के मुताविक, इहाँ ११०.५ मिलिलिटर पानी पडल बा ।
पोखरा के बाद भैरहवा मे सब से बेसी ८२.२ मिलिलिटर पानी पडल । महाशाखा के मुताविक काठमाण्डु मे पिछिलका २४ घण्टा मे १२.४ मिलिलिटर मात्र पानी पडल बा ।





