प्रशासकिय अधिकृत श्रीवास्तव से १५ लाख फिरौती माँगेवाला अभियुक्त पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०२ असाढ

बारा के सुवर्ण गाँवपालिका मे कार्यरत प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नविन कुमार श्रीवास्तव से १५ लाख फिरौती माँगेवाला अभियुक्त पकडाईल बाडन ।

सुवर्ण गाँवपालिका के वार्ड नम्वर ४ हर्दिया के वरीस २८ के मुकेश प्रसाद यादव रहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी । एनसेल के अपरीचित नम्बर से फुन आ एस एम एस करके रु. १५ लाख रोपेया १ घण्टा भितर ना देहला पर गोली समेत मार के हत्या कर देहम कहके बार बार फुन मेसेज कर के फिरौती माग कईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जानकारी करावले बानी ।

फुन मे कईल बात आ पेठावल सन्देस के सुचना कार्यालय मे प्राप्त भईल अधार मे अनुसन्धान टोली गठन कर के सेवा प्रदायक कम्पनी समेत के प्राविधिक सहजोग सहित के प्रयास मे यादव के पकडल गईल मिश्रा जनकारी देहले बानी । अनुसन्धान करत गईला पर गाँवपालिका मेही कारार मे काम कर रहल कार्यालय सहजोगी गगनदेव राउत अहिर के लडका रहल प्रहरी जनकारी करवले बा । पकडाईल यादव के कार्यालय मे लियाके अपराधिक लाभ मुद्दा मे थप अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।