किशोरी के करणी कईल आरोप मे युवक पकडईलें

वीरगंज ११ असाढ

१५ बरीस के किशोरी के करणी कईल आरोप मे पर्सा मे एक युवक के पकडले बा । पर्सागढी नगरपालिका– ७ फुलबरिया रहेवाला २० बरीस के कृष्ण पटेल के पुलीस पकडले बा ।

बितल रात साढे ९ बजे पकडाईल कृष्ण तथा पर्सागढी ६ चैनपुर रहेवाला २० बरीस के कमलेश सहनी १५ बरीस के किशोरी के घर पुगल रहलन ।

परिवार के आउर सदस्यसब सुत रहल मौका मे किशोरी सुतेवाला कोठरी मे प्रवेश करके धाकधम्की देके किशोरी के जर्बजस्ती करणी कईल आरोप कृष्ण के लागल बा । कोठरी के दुवारी मे कुरुवा रहल कमलेश फरार बाडन । किशोरी के बाबु के जाहेरी दरखास्त के आधार मे कृष्ण के असाढ १० गते हि पकडल गईल रहे ।

पर्सा जिल्ला अदालत से जबरजस्ती करणी सम्बन्धी कसूर मे ५ दिन के म्याद थप करके उ विरुद्ध आउर अनुसन्धान प्रकृया अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी । फरार कमलेश के खोजतलास हो रहल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।