संविधान सभा सदस्य सिंह के क्रियाशील सदस्यता धराप मे पुगल कहत आपत्ति जनवनी

प्रभु यादव

बारा १९ असाढ

नेपाली काङ्ग्रेस के नेता आ पुर्व सांसद लालबाबु सिंह आपन सकृय सदस्यता धराप मे रहल जनकारी करावले बानी ।

कलैया के भरत चौक नजिक रहल सिंह कमप्लेक्स के प्राङ्गण मे पत्रकार सम्मेलन कर के आपन क्रियाशील सदस्यता धराप मे रहल बा त साधारण लोग के का होई जानकारी करावले बानी ।

सिंह शनिचर के दिन पत्रकार सब लोग से बातचित करत जब हमरे सकृय सदस्यता काङ्ग्रेस बारा के नेतृत्व पंक्ति लोग खारेज करे के चाहत बा जनकारी करावले बानी । हम अन्याय मे परल बानी सिंह जनकारी देहनी । हमरा जईसन सक्रिय सदस्य के अवस्था अईसन बा त सामान्य कार्यकर्ता लोग के हालत कईसन होसकत बा सिंह सिकायत कईनी ।

सिंह फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. ७ से उहे गाँवपालिका के वार्ड नं. ३ अर्थात निर्वाचन क्षेत्र नं. ३ से निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ मे जाएके खोजला पर समस्या आइल बतवले बानी ।

सिंह दुनु वार्ड के पार्टी एकाई सभापति से आपन क्रियाशील सदस्यता के सिफारिस करावल माइन्युट समेत करावले बानी माकिर उ सिफारिस के प्रतिलिपि कहाँ बुझावल जाई केकरा के बुझावल जाई अन्योल अभि तक रहल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।