मनसुनी वायु के प्रभावः अभी तीन दिन वर्षात होखी

काठमाण्डु, २२ असाढ

मनसुनी वायु के प्रभाव से अभी देश के अनेकन जगहा मे बदली आ वर्षात हो रहल बा । अभी प्रदेश नं २ आ वाग्मती मे आंशिक से सामान्य बदली आ बाँकी प्रदेश मे सामान्य से पूर्ण बदली तथा १, वाग्मती, गण्डकी, लुम्बिनी आ सुदूरपश्चिम के कुछ जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात हो रहल बा ।

काठमाण्डु उपत्यका मे सबेरे मौसम खुलला पर भी अभी आंशिक रूप मे बदली बा । जल तथा मौसम विज्ञान विभाग, मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के मुताविक अभी कर्णाली तथा सुदूरपश्चिम मे आंशिक से सामान्य बदली होके देश के बाँकी भूभाग मे सामान्य से बदली रही । प्रदेश नं १, २, वाग्मती, गण्डकी आ लुम्बिनी के कुछ जगहा तथा कर्णाली आ सुदूरपश्चिम के कम जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना बा ।

रात देश के अधिकाश भूभाग मे बदली रहला के साथे प्रदेश नं १, २, वाग्मती, गण्डकी आ लुम्बिनी के कम जगहा मे तथा कर्णाली आ सुदूरपश्चिम के कम जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना बा । प्रदेश नं १ के एक दु जगहा मे मेघ गर्जन÷टाडका सहित भारी वर्षात के सम्भावना बा ।

बुध के दिने भी देश के अधिकांश भूभाग मे सामान्य से पूर्ण बदली रही । प्रदेश नं १, २, वाग्मती, गण्डकी आ लुम्बिनी के कुछ जगहा तथा कर्णाली आ सुदूरपश्चिम के कम जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना बा । प्रदेश नं १, २, वाग्मती आ गण्डकी के कम जगहा मे मेघ गर्जन÷टाडका सहित भारी वर्षात के सम्भावना बा ।

बियफे के दिने इहे मौसमी प्रणाली कायम रही । महाशाखा के पिछिलका विवरण मे आजु काठमाण्डु के अधिकतम ३० आ न्यूनतम तापक्रम २१ डिग्री सेल्सियस बा । विराटनगर मे सब से बेसी ५८ आ काठमाण्डु मे २८ मिलिमिटर वर्षामापन कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।