मालपोत कार्यलय बारा मे भोजपुरी टाइम्स दैनिक के समाचार के प्रभाव, कामकाज सहज भईल

प्रभु यादव
बारा ३१ असाढ
भोजपुरी टाइम्स दैनिक के असाढ २० गते पथम पृष्ट मे बारा मालपोत कार्यालय बनरहल भ्रष्टार के अखडा समाचार छपला के वाद कार्यालय मे मुसकान सहित के सेवा देवे के निर्णय भईल बा ।
सेवाग्राही लोग से रसिद काटे के बहाना मे फाँट मे काम करे के बहाना मे पलहा सिस्टम के बहना मे कर्मचारी लोग एक जगह एक हजार से सय रोपेया तक लेके काम करत आईल रहलन ।
भुमिसुधार तथा मालपोत कार्यलय बारा कलैया २०७८ सावन १ गते से नगदी रसिद ना काटे के आ बैंक भौचर से ही राजिनामा अभी के बक्सपत्र अन्य बक्स पत्र नामसारी दाखा रजिस्टेसन लिखत सब पास करे के आ नगदी रसिद काटेवाला काम बन्द कईले बा ।
पहिले नगदी रसिद काटे खातिर दु गो फाँट राखल गईल रहे जवना मे बैंक भौचर बुझावला वाद काटेवाला दु सय पर रसिद लेहत रहलें ।
अब नगदी रसिद ना काट के मालपोत कार्यलय भितर रहल बाणिज्य बैंक एक्स्टेन्सन काउन्टर मे जम्मा कईल भौचर से ही काम करे के मालपोत कलैया सुरू करीहे ।
बढल भिड भाड के कारण सेवाग्राही के दिन भर लाइन मेही बईठे के परत रहल जवना से छुटकरा होके जल्दीही काम करेला मालपोत कार्यलय के प्रमुख गोपाल प्रसाद बराल अईसन नियम लागु कईल गईल बतावले बानी ।
सावन १ गते से मुसकान सहित के सेवाग्राही सब के जल्दी से जल्दी कईसे कम समय कईल जाई नियम बननवल गईल मालपोत सम्बन्धि काम करेवाला मालपोत कार्यलय बारा के सूचना अधिकारी सागर कुमार गुप्ता जानकारी करवले बानी । मालपोत कार्यालय कलैया के कवनो फाँट मे कवनो किसिम के सरकारी दस्तुर बाहेक के ना लेवे के निर्णय भईल कार्यालय जानकारी करवले बा ।






