बारा मे जमिन के सरकारी मोल २० प्रतिशत बढल, स्थानिय सरकार गैरजिमेवार : प्रमुख बराल

प्रभु यादव

बारा ३१ असाढ

बारा जिल्ला के जमिन सब के सरकारी मोल मे २० प्रतिशत से बढल बा । आ.व. २०७८÷०८९ मे मालपोत कार्यालय बारा मे जमिन खरीद विक्री करे मे सरकारी कर सावन १ गते से पहिले से २० प्रतिशत बेसी मोल कायम कर के लेहल जाए के कार्यालय प्रमुख गोपाल प्रसाद बराल जनकारी करावले बानी ।

जिल्ला के मुल्यांकन समिति के बईठक बईठ के रास्ता आ सहरी एरिया मे २० प्रतिशत आ खेती करेवाला जमिन मे पहिले के रहल मोल मे कठ्ठा मे १० हजार बढावे के निर्णय कईले बा प्रमुख बराल जनकारी करावले बानी । खेती करेवाला जमिन जवन नदि के नजदिन होई जवना जगह के जमिन किनबेच मे खासे मोल ना राहेला जवना मे मोल ना बढल बराल जनकारी करावले बानी ।

दु बरीस पहिले बढल मोल रहल जवना मे २० प्रतिशत बढल जादा ना भईल बराल जनकारी करावले बानी । राज्य के संरचना बदलल जवना के चल्ते अभि स्थानिय सरकार से विकास के काम सब जादाही अगाडि बढल बा ओजगह के जमिन के मोल दिन पर दिन बढरहल बा माकिर जनकारी लेवेला खोजला पर स्थानिय से कवनो सल्लाह सुझाव ना मिलला से कुछ मुल्यांकन कमीही भईल बराल जनकारी करावले बानी ।

गाँव घर मे किना बेची के मोल बहुते जादही बढल बा माकिर सरकारी मोल कमही भईल बराल जनकारी करावले बानी । जेठ महिना मे ही बारा के १६ गोही पालीका के जमिन के सरकारी मोल बढावेला देहल गईल पत्र के सल्लाह सुझाव असाढ १० गते तक पेठावल गईल जवना मे से करैयामाई गाँवपालिका मात्र पेठावले रहल बाकी १५ गो पालिका गैरजिमेवार रहल बा । जमिन के मोल के अनुसार खरिद विक्री से उठल कर मेसे ६० प्रतिशत पालिका के आ ४० प्रतिशत प्रदेश सरकार के होखेला प्रमुख बराल जनकारी करावले बानी ।

संघ मातहत के कार्यालय भईल मालपोत कार्यालय प्रदेश सरकार आ स्थानिय सरकार के खातिर आम्दानी के स्रोत उठा के देरहल जवना के मोल तोकेला सुझाव देवेमे कवनो सहजोग ना कईला से बुझे के परल कईसन जिमेवारी रहल बा वराल कहनी । संघिय सरकार के जमिन खरिद विक्री मे लाभ कर मातर पेठावल जाला कार्यालय प्रमुख बराल जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।