माओवादी केन्द्र भी प्रदेश २ सरकार मे, भरत साह बनलें आन्तरिक मामिलामन्त्री

जनकपुरधाम २ सावन
मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत नेतृत्व के प्रदेश २ सरकार मे नेकपा माओवादी केन्द्र भी सहभागी भईल बा । मुख्यमन्त्री राउत माओवादी केन्द्र के भरतप्रसाद साह के आन्तरिक मामिला तथा सञ्चार मन्त्री आ रुबी कर्ण के राज्यमन्त्री नियुक्त कईले बाडन । शनिचर के दिने मधेश भवन मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे मन्त्री साह प्रदेश प्रमुख राजेश झा ‘अहिराज’ आ राज्यमन्त्री कर्ण मुख्यमन्त्री राउतसमक्ष पद तथा गोपनियता के शपथ लेहले बाडन ।
दु मन्त्री देहलें राजीजामा
माओवादी केन्द्र के सांसदलोग मन्त्री नियुक्त करे से पहिले दु जने मन्त्री राजीनामा देहले रहलन । जनता समाजवादी पार्टी से आन्तरिक मामिलामन्त्री रहल ज्ञानेन्द्र यादव आ राज्यमन्त्री सरोज सिंह कुसवाहा शनिचर के दिने राजीनामा देहले बाडन ।
एकरा से पहिले जसपा के पूर्व राजपा खेमा मे एक मन्त्री आ तीन राज्यमन्त्री के २३ जेठ मे बर्खास्त कईले रहलन आ २६ जेठ मे नेपाली कांग्रेस तीन मन्त्री सहित सरकार मे गईल रहे ।






