बारा मे करेन्ट लाग के एक किसान के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा १५ भादो

बारा जिल्ला सिम्रौनगढ नगरपालिका के वार्ड नम्बर ४ टोल गंगानगर मे करेन्ट लाग के एक जने किसान के मृत्यु भईल बा ।

सँझिया के ६ बजे के समय मे ४८ बरीस के तेजालाल प्रसाद यादव के मृत्यु भईल ईलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ जनकारी करावले बा । मृत्य आपने धान के खेत मे काम करहल समय मे धान खेत मे पानी मोटर मे करेन्ट सहित के जोडल तार पानी मे लटकल करेन्ट प्रवाह होकर के यादव के घटना स्थल मे मृत्युु भईल प्रहरी जनकारी करावले बा ।

मृतक के शरिर के ईलाका प्रहरी कार्यलय सिम्रौनगढ के प्रहरी निरीक्षक दिपक सुवेदी के कमान्ड मे खटल टोलि आ जनप्रतिनिधि लोग के रोहवर मे मुचुल्का कर के पोषटमाडम के खातिर कलैया पठावले बा । मृत्यु के थप अनुसन्धान कईल जारहल प्रहरी निरीक्षक सुवेदी बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।